जम्मू-कश्मीर के उधमपुर में बस 100 फीट गहिर खाई में गिरल, एगो बच्ची समेत दू गो के मउत; 16 यात्री घायल

By Shweta Supriya

Published on: Oct 21, 2026

ऊधमपुर। जम्मू-कश्मीर के ऊधमपुर जिला में बुध के सबेरे एगो यात्री बस हादसा के शिकार हो गइल। लाटी मुख्यालय से पंचौंड होके ऊधमपुर जात रहे वाली बस गुल्ली गला इलाका में बेकाबू होके करीब 100

Share

ऊधमपुर। जम्मू-कश्मीर के ऊधमपुर जिला में बुध के सबेरे एगो यात्री बस हादसा के शिकार हो गइल। लाटी मुख्यालय से पंचौंड होके ऊधमपुर जात रहे वाली बस गुल्ली गला इलाका में बेकाबू होके करीब 100 फीट गहिर खाई में जा गिरल। एह हादसा में 16 यात्री के घायल होखे के शुरुआती खबर बा। ओहिजे, मिलल जानकारी के मोताबिक, एह हादसा में एगो लइकी आ एगो मेहरारू के मउत हो चुकल बा।

मिलल जानकारी के मोताबिक, बस नंबर जेके02एएल-3477 सबेरे करीब 6:45 बजे पंचौंड से ऊधमपुर खातिर रवाना भइल रहे। सबेरे करीब 7:30 बजे लाटी मुख्यालय से लगभग 45 किलोमीटर आ पंचौंड से करीब 5 किलोमीटर दूर गुल्ली गला के लगे बस दुर्घटनाग्रस्त हो गइल।


हादसा के तुरंत बाद स्थानीय लोग मौका प पहुंचलें आ राहत अउरी बचाव के काम शुरू कइ देलें। लोग बस में फंसल यात्री लोगन के बाहर निकाललें आ घायिल लोगन के निजी गाड़ी के मदद से उप जिला अस्पताल रामनगर पहुंचवलें।


शुरुआती जानकारी के मोताबिक, घायिल लोग में से छह गो के इलाज खातिर उप जिला अस्पताल रामनगर भेजल जा रहल बा। बाकी घायिल लोगन के बारे में विस्तृत जानकारी के इंतजार बा।

खराब सड़क हादसा के वजह होखले के आशंका

पूर्व सरपंच हंस राज के मोताबिक, दुर्घटना वाला जगह पर सड़क के हालत काफी खराब बा आ शुरुआती तौर पर हादसा के वजह सड़क के खराब हालत मानल जा रहल बा।

हालांकि, हादसा के असली वजह जांच पूरा होखला के बादे पता चल पाई। प्रशासन आ बचाव दल मौका पर पहुंच के जरूरी मदद उपलब्ध करा रहल बा। घायिल लोग के हालत आ हादसा से जुड़ल बाकी जानकारी जुटावल जा रहल बा।

जिला अस्पताल रामनगर में भर्ती

केंद्रीय मंत्री डॉ. जितेंद्र सिंह बस हादसा के बाद ऊधमपुर के उपायुक्त अनंत द्विवेदी से बात कइलें। सोशल मीडिया पर जानकारी साझा करत ऊ बतवलें कि स्थानीय लोग के मदद से सभे यात्री के बस से सुरक्षित बाहर निकाल लिहल गइल बा। डॉ. सिंह के मोताबिक, बचाव दल घटनास्थल पर पहुंच गइल बा आ 9–10 घायिल यात्री के उप जिला अस्पताल रामनगर ले जाइल जा रहल बा।


ऊ ईहो कहलें कि अबले केहू के मौत होखे के खबर नइखे आ प्रशासन के ओर से हर संभव मदद उपलब्ध करावल जा रहल बा। उनकर कार्यालय भी जिला प्रशासन के लगातार संपर्क में बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.