[the_ad_group id="30365"]

नौशेरा में आतंकी घुसपैठ के कोशिश नाकाम, 2 गो आतंकी ढेर 

जम्मू-कश्मीर में दु गो आतंकी ढेर: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जम्मू-कश्मीर में आतंकवादियन के खिलाफ लगातार अभियान चलावल जा रहल बा बाकिर आतंकवादी अपना गतिविधि से बाज नइखे आवत. हालांकि सुरक्षा बल आतंकियन के उचित जवाब दे रहल बा। ताजा मामला नौशेरा के सामान्य इलाका के बा, जहवां घुसपैठ करे के कोशिश करत दुगो आतंकी मारल गईल बाड़े।

व्हाइट नाइट कोर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs इs जानकारी देले बिया। एहमें कहल गइल बा कि संभावित घुसपैठ के कोशिश के बारे में खुफिया एजेंसियन आ जम्मू कश्मीर पुलिस से मिलल इनपुट के आधार पs भारतीय सेना के तरफ से 8 सितंबर के आधा रात के नौशेरा के लाम के सामान्य इलाका में घुसपैठ विरोधी अभियान शुरू कइल गइल. 2 आतंकी मारल गइल बा आ भारी मात्रा में युद्ध सामग्री बरामद भइल बा। ऑपरेशन जारी बा।

एकरा से पहिले 2 सितंबर के भी आतंकी अवुरी सुरक्षा बल के बीच मुठभेड़ भईल रहे। एs मुठभेड़ के दौरान जम्मू कश्मीर के सुंजवान मिलिट्री स्टेशन पs आतंकी गोलीबारी कईले। एह मुठभेड़ में सेना के एगो जवान शहीद हो गइल.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]