जम्मू-काश्मीर के शोपिया में मीलल बड़हन कामयाबी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2022

जम्मू अउर कश्मीर के शोपियां में सुरक्षाबल के बड़हन कामयाबी मिलल बा। सुरक्षाबल आले दू आतंकियन के मार गिरवनें सब। इलाका में तलासी जारी बा। जानकारी के मोताबिक, शोपियां जिला के अमशीपोरा इलाका में आतंकियन

Share

जम्मू अउर कश्मीर के शोपियां में सुरक्षाबल के बड़हन कामयाबी मिलल बा। सुरक्षाबल आले दू आतंकियन के मार गिरवनें सब। इलाका में तलासी जारी बा।

जानकारी के मोताबिक, शोपियां जिला के अमशीपोरा इलाका में आतंकियन के लुकइले की जानकारी मिलल। जानकारी मिलते सुरक्षाबल आले एह इलाका के घेर लेहनें अउर तलासी अभियान सुरू कs देहनें सब।
एही बीच आतंकी सब अपना के घेराइल देख के सुरक्षाबल आलन पs फायरिंग शुरू कs देहनें सब। सुरक्षाबल आले जवाबी कार्रवाई करत दू आतंकी कुल के मार गिरवले में सफलता पा गइने सब। मौका पs बड़हन संख्या में नागरिकन के रहले पs पहिले ओ सभन के सुरक्षित स्थान पs पहुंचावल गइल।

लश्कर के दू गो हाइब्रिड समेत तीन आतंकी अउर ए गो मददगार गिरफ्तार  

मध्य कश्मीर के बडगाम अउर उत्तरी कश्मीर के बारामुला जिला में लश्कर के तीन आतंकियन अउर एगो मददगार (ओजीडब्ल्यू) के सुरक्षा बल आले बिफ्फे के गिरफ्तार कइलें। पकड़ाइल आतंकियन में लश्कर-ए-ताइबा के दू गो हाइब्रिड आतंकी बानें सब। एनके कब्जा से हथियार, विस्फोटक अउर आपत्तिजनक सामग्री बरामद भइल बा। एमें एगो चीनी ग्रेनेड, दू गो चीनी पिस्तौल, तीन मैगजीन अउर 42 कारतूस सामिल बा।

साभार – अमर उजाला

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.