Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

J-K: यात्रा खत्म होखला से पहिलही अमरनाथ गुफा में पिघल गइल समूचा शिवलिंग

शिवलिंग के पिघलला के कारणों गिनावल जा रहल बा। एकरा पीछे बतावल जा रहल बा कि अचानके तापमान बढ़े आ यात्रियन के भीड़ होखला के वजह से शिविलंग पिघल गइल बा।

1,366
  • अमरनाथ यात्रा 30 जून से सुरू भइल रहे।
  • अभी यात्रा पूरा होखला में 25 दिन बाकी।

अमरनाथ यात्रा जुड़ल सबसे बड़ खबर ई बा कि अमरनाथ गुफा से आइल ताजा तस्वीरन के मोताबिक, गुफा में शिवलिंग पूरा तरह पिघल गइल बा। अभी अमरनाथ यात्रा 12 अगस्त तक ले बा। बाकिर, एकरा पहिलही शिवलिंग के पिघलला से श्रद्धालु दर्शन ना कs पाई लो। बता दीं कि अमरनाथ यात्रा 30 जून से सुरू भइल रहे।

जानकारी के मोताबिक, शिवलिंग के पिघलला के कारणों गिनावल जा रहल बा। एकर पीछे बतावल जा रहल बा कि अचानके तापमान बढ़ला आ यात्रियन के भीड़ होखला के वजे से शिवलिंग पिघल गइल बा। एकरा अलावे, बादल फटला आ अचके बाढ़ अइला के कारण मानल जा रहल बा।

ओइसे, ई पहिला बेर नइखे भइल। पिछिला कई सालन से यात्रा पूरा होखला से पहिलही बर्फीला शिवलिंग पिघल जा रहल बा। अब तक 1.80 लाख से ज्यादा श्रद्धालु दर्शन कs चुकल बा।

हाले में अमरनाथ में प्राकृतिक आपदा आवे से पहिलही हालात बिगड़ गइल रहे। बादल फटला से 16 लोगन के मौत हो गइल बा। जबकि 40 लोग लापता हो गइल बा। यात्रा के दौरान नेचुरल कारण के वजह से 8 तीर्थयात्रियन के मौत हो गइल। एह से तीर्थयात्रियन के मौत के आंकड़ा 41 हो गइल बा। एह आपदा से हाहाकार मच गइल रहे। बादल फटला से आइल बाढ़ में कइयन गो टेंट बह गइल। NDRF आ SDRF युद्ध स्तर पs राहत कार्य चलवलस।

घटना के बाद अमरनाथ यात्रा पंजतरणी से सुरू कइल गइल रहे। माने सभे तीर्थयात्री पंजतरणी से बाबा बर्फानी के दर्शन करे खातिर पवित्र गुफा तक पहुंचत रहे लो। दर्शन कइला के बाद श्रद्धालु एही रास्ता से वापसी करत रहे लो।

पिछिला दु साल से कोविड के वजह से बंद रहला के बाद अबकि बेर अमरनाथ यात्रा 30 जून के सुरू भइल रहे, बाकिर 8 जुलाई के बादल फटला से बाढ़ आ गइल रहे। एह वजह से तीर्थयात्रा स्थगित कs दिहल गइल रहे बाकिर यात्रा के 11 जुलाई से फेर से सुरू कs दिहल गइल रहे। अबकि बेर अमरनाथ यात्रा 12 अगस्त के समाप्त होई।

296650cookie-checkJ-K: यात्रा खत्म होखला से पहिलही अमरनाथ गुफा में पिघल गइल समूचा शिवलिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.