[the_ad_group id="30365"]

जम्मू कश्मीर: बनिहाल में ट्रक से टकराइल बोल्डर, खाई में गिरले से 4 लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जम्मू कश्मीर : जम्मू कश्मीर के बनिहाल में एक बड़ हादसा हो गया। इहाँ एगो बोल्डर ट्रक के एतना जोर से टकरा गईल कि ट्रक कई फीट खाई में गिर गईल। एह हादसा में 4 लोग के मउत हो चुकल बा। ई हादसा रामबन जिला के बनिहाल के शेर बीबी इलाका में भइल बा। ट्रक श्रीनगर से जम्मू आवत रहे।

शेर बीबी इलाका में पहुंचते पहाड़ से एगो भारी बोल्डर गिर के सीधा ट्रक से टकरा गईल। एकरा चलते ट्रक सीधा कई फीट नीचे गहिरा खाई में गिर गईल। एह हादसा के चलते जम्मू-श्रीनगर राजमार्ग जाम हो गइल बा। दुनो ओर से यातायात रोकल गईल बा अवुरी लोग के फिलहाल ए रूट पs ना जाए के सलाह दिहल गईल बा। रेस्क्यू दल सभे 4 लाश के बरामद क लेले बिया अवुरी बोल्डर के हटावे के काम चलता।

रामबन डिप्टी कमिश्नर के बयान सामने आईल

एह दुर्घटना पs रामबन उपायुक्त के बयान भी सामने आइल बा। किश्तवारी पथेर, बनिहाल में भूस्खलन के चलते जम्मू-श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग जाम हो गईल बतवले। दुनो छोर से यातायात बंद हो गईल बा।

अगस्त में भी एगो बड़ दुर्घटना भईल रहे

अगस्त के आखिरी हफ्ता में जम्मू-कश्मीर के उधमपुर जिला में भी एगो बड़ हादसा हो गईल। इहाँ एगो डंपर खाई में गिर गईल रहे। ए दुर्घटना में तीन लोग के मउत हो चुकल रहे। इ हादसा उधमपुर के डुडु इलाका में भईल, जहां एगो डंपर सड़क से फिसल के खाई में गिर गईल।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]