[the_ad_group id="30365"]

पहलगाम पहुंचले NIA के टीम, गृह मंत्री अमित शाह मृतकन के दिहले श्रद्धांजलि

पहलगाम आतंकी हमला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पहलगाम में आतंकी हमला अपडेट : पहलगाम में मंगल के दिने पर्यटकन पs भइल आतंकी हमला में 26 लोग के मउत हो गइल आ 13 लोग घवाहिल हो गइल. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सऊदी अरब के दौरा के बीच में छोड़ के दिल्ली लवट गईल बाड़े। केंद्रीय गृहमंत्री श्रीनगर में मरेवाला के श्रद्धांजलि दिहे। एही बीच हमलावर के तलाश तेज हो गईल बा। सेना के संगे सीआरपीएफ अवुरी जम्मू-कश्मीर पुलिस भी एs तलाशी अभियान में शामिल बिया। सेना के विक्टर फोर्स के साथे स्पेशल ऑपरेशन ग्रुप के जवान हमलावर आतंकियन के खोज में लागल बाड़े. लश्कर-ए-तैयबा के मुखौटा संगठन TRF एह हमला के जिम्मेदारी ले लिहले बा.

लेफ्टिनेंट विनय नरवाल के मउत पs नौसेना दुख जतवलस

पहलगाम आतंकी हमला में भारतीय नौसेना के लेफ्टिनेंट विनय नरवाल के मउत पs भारतीय नौसेना दुख जतवले बिया. नौसेना के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि हमनी के अकल्पनीय दुख के एs घड़ी में उनुका परिवार के प्रति दिल से संवेदना व्यक्त करतानी। भारतीय नौसेना भी बाकी सब लोग के साथे पूरा एकजुटता में खड़ा बा जे एह घिनौना हिंसा के काम में आपन जान गँवा दिहले बा। हमनी के संवेदना आ दुआ पीड़ित परिवार के साथे बा आ घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के प्रार्थना बा।

गृहमंत्री अमित शाह मरे वालन के श्रद्धांजलि दिहले

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह श्रीनगर के पुलिस कंट्रोल रूम में पहलगाम हमला में शहीद लोग के श्रद्धांजलि दिहलन.

गृहमंत्री शाह के कश्मीर से दिल्ली लवटला के बाद सीसीएस के बइठक होखी

सीसीएस के बइठक गृहमंत्री अमित शाह के कश्मीर से लवटला के बाद होखी. एही बीच प्रधानमंत्री एनएसए अजीत डोभाल अवुरी बाकी सुरक्षा एजेंसियन के प्रमुख से ब्रिफिंग ले रहल बाड़े। एनएसए अजीत डोभाल एह बड़हन आतंकी हमला के समीक्षा कs रहल बा. प्रधानमंत्री के पूरा घटना के जानकारी दिहल गईल। शीर्ष सूत्र के मुताबिक एs हमला में आतंकी के स्थानीय समर्थन रहे। एह हमला के पीछे 4 विदेशी आतंकवादी रहले। सुरक्षा बल एह हालात पs नजर रखले बा. भारतीय सेना अवुरी जम्मू-कश्मीर पुलिस बैसरन, पहलगाम अवुरी अनंतनाग के इलाका में मिल के तलाशी अभियान चलावतिया।

सब धर्म के धार्मिक नेता मृतक के आत्मा के शांति के प्रार्थना करीहे

आजु दुपहरिया 12.30 बजे दिल्ली के इंडिया गेट पs सगरी धर्म के धार्मिक नेता जुट के पहलगाम आतंकी हमला के निंदा करीहें. पहलगाम हमला में मारल गइल निर्दोष लोग खातिर दुआ कइल जाई.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]