[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के जामिया यूनिवर्सिटी में हंगामा, लागल अल्लाह हू अकबर आ फिलिस्तीन जिंदाबाद के नारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली के जामिया मिलिया इस्लामिया यूनिवर्सिटी में मंगल के रात कुछ विद्यार्थियन के ओर से आयोजित दिवाली समारोह के दौरान हंगामा मच गइल. विद्यार्थियन के दू गो समूह एक दोसरा से टकरा गइल. विवाद एतना बढ़ गईल कि झगड़ा ले पहुंच गईल। आरोप बा कि दिवाली समारोह के खिलाफ एगो समुदाय के छात्र विरोध प्रदर्शन शुरू कs देले। बहुत संख्या में पहुंचल कुछ खास समुदाय के छात्र दीया जराए अवुरी रंगोली के विरोध कईले। एह दौरान झगड़ा भी भईल|

एह दौरान कवनो खास समुदाय के छात्र धार्मिक नारा लगवले। 100 से जादा लोग हंगामा मचावत बाड़े। लोग अल्लाह हू अकबर आ फिलिस्तीन जिन्दाबाद के नारा भी उठा रहल बा। नाराबाजी के चलते माहौल तनावपूर्ण हो गईल

पुलिस के कहनाम बा कि घटना गेट 7 के नजदीक रात के करीब 7:30-8 बजे भईल। अबे ले कवनो प्राथमिकी दर्ज नईखे भईल। शांति सुनिश्चित करे खातिर कैंपस के बहरी पुलिस के तैनाती कईल गईल बा। एबीवीपी से जुड़ल छात्र के एगो समूह दिवाली खातीर दीप लगावे अवुरी रंगोली बनावत रहे, तबे नाराज छात्र के एगो अवुरी समूह सजावट के बाधित कs देलस, जवना के चलते झड़प हो गईल।

फिलहाल मौका पs स्थिति पुलिस के नियंत्रण में बा। झड़प में कवनो छात्र के घायल होखे के कवनो जानकारी नईखे। काल्हु रात हंगामा मचावे वाला विद्यार्थियन के अलगा कs दिहल गइल.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]