[the_ad_group id="30365"]

प्रभु श्रीराम के नगरी में घूमल आसान, एयरपोर्ट पऽ उतरते मिली ई सिटी बस, एह सुविधा के जानीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भगवान श्री राम के नगरी में आवे वाला लोग खातिर सुविधा लगातार बढ़ रहल बा। अब महर्षि वाल्मीकि हवाई अड्डा से शहर के कवनो हिस्सा में जाए खातिर ई-सिटी बस के सुविधा उपलब्ध बा। एहसे भक्तन के साथे-साथे दोसरा लोग के सुविधा होई।

उत्तर प्रदेश के रामलाला के शहर में सुविधा बढ़ावे के योजना पs लगातार काम कइल जाता। देश के हर कोना से हवाई जहाज से आवे वाला पर्यटक आ भक्तन के सुविधा के ध्यान में राखत मंगर के दिने महर्षि वाल्मीकी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा से सिटी बस सेवा शुरू कर दिहल गइल। हवाई अड्डा से परिवहन खातिर ओला आ उबर टैक्सी सेवा पहिलहीं से उपलब्ध बा। अब लोग बहुत कम किराया पs सिटी बस से अयोध्या घूम सकेलें। सिटी बस सेवा में तीन इलेक्ट्रिक बस लगावल गइल बा।

विधायक वेद प्रकाश गुप्ता हरियर झंडा देखा के सिटी बस सेवा के संचालन शुरू कइले। एह मौका पs विधायक वेद प्रकाश कहले कि अयोध्या में पर्यटकन के सगरी सुविधा दिहल जा रहल बा जवन एकरा के अंतर्राष्ट्रीय पर्यटन स्थल के रूप में विकसित करे खातिर जरूरी बा। आयुक्त गौरव दयाल के मुताबिक अयोध्या के सरकार के ओर से एगो अउरी उपहार मिलल बा। महर्षि वाल्मीकी हवाई अड्डा पs सिटी बस सेवा शुरू हो गइल बा।

इहाँ से संचालन शुरू होइ

हवाई अड्डा से लता मंगेशकर चौक तक तीन गो ई-बस चलावल जा रहल बा। एह ई-सिटी बसन से यात्री महर्षि वाल्मीकी हवाई अड्डा से नाका, सहदतगंज, अयोध्या कैंट बस स्टेशन, रिकाबगंज स्क्वायर, नियावान होत पूरा राम पथ के कवर कर सकेलें। सिटी बस राम मंदिर के सामने से गुजर के लता मंगेशकर चौक पहुंची। एयरपोर्ट सिटी बस सेवा के उद्घाटन के मौका पs आईजी प्रवीण कुमार, निदेशक हवाई अड्डा विनोद कुमार समेत बाकी अधिकारी मौजूद रहले।

हवाई अड्डा पऽ यात्री सुविधा में बढ़ोतरी

हवाई अड्डा के निदेशक विनोद कुमार कहले कि यात्री खातिर सुविधा बढ़ावल जाता। बहरी इलाका में ड्राइवर कैंटीन खोल दिहल गइल बा। बाहर के लोगो उहाँ के सुविधा के लाभ उठा सकेला। एकरा अलावा ओला अउरी उबर टैक्सी सेवा चलावल जाता, जवना के ऑनलाइन बुकिंग कइल जा सकऽता। एयरपोर्ट के भीतर जल्दिए एगो रेस्टोरेंट खोलल जा रहल बा। उहाँ यात्री लोग के खाना-नाश्ता के सुविधा मिली। जल्दिए हवाई अड्डा के भीतर एगो जनरल स्टोर खुल जाई। ओहिजा पर्यटकन के आपन मनपसंद सामान मिल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]