Isro Chief Cancer: इसरो प्रमुख एस सोमनाथ में कैंसर के पुष्टि, आदित्य-एल1 लॉन्च के दिन चलल पता

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 5, 2024

कैंसर वैश्विक स्तर पs बढ़त गंभीर आ जानलेवा स्वास्थ्य समस्या हs। हालिया रिपोर्ट्स से पता चलत बा कि भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) के प्रमुख एस सोमनाथ में कैंसर के पता चलल बा। जवना दिन

Share

कैंसर वैश्विक स्तर पs बढ़त गंभीर आ जानलेवा स्वास्थ्य समस्या हs। हालिया रिपोर्ट्स से पता चलत बा कि भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) के प्रमुख एस सोमनाथ में कैंसर के पता चलल बा। जवना दिन भारत के आदित्य-एल1 मिशन अंतरिक्ष में लॉन्च भइल रहे, ओहि दिन इसरो प्रमुख में कैंसर के पता चलल। मीडिया से एगो बातचीत में सोमनाथ पुष्टि कइले कि जांच के दौरान देह में अनियंत्रित कोशिकन के बढ़ला के बारे में पता चलल। जवना के आधार पs कैंसर के निदान कइल गइल बा।

तारमक मीडिया के दिहल एगो इंटरव्यू में ऊ बतवलें कि आदित्य-एल1 मिशन लॉन्च के सबेरे हमार स्कैनिंग कइल गइल, एमे पता चलल कि पेट में अनियंत्रित रूप से कैंसर कोशिका बढ़ रहल बाड़ी सs। मिशन लॉन्च के बाद हम चेन्नई गइनी, दोबारा स्कैनिंग आ कइयन गो आउर जांच कइल गइल। रिपोर्ट्स से पता चलल कि ई वंशानुगत रोग हs। डॉक्टर्स ऑपरेशन के सलाह दिहल लो। डॉक्टर्स के टीम कैंसर के सर्जरी आ फेर कीमोथेरेपी कइल।

इंटरव्यू में इसरो चीफ बतवलें कि ई हमरा आ परिवार के लोगन खातिर बहुते चउका देवे वाली स्थिति रहे, बाकिर उपचारे एकर एकमात्र तरीका रहे, जवन समयो पs होखल जरूरी बा। कैंसर के इलाज संभव बा, ई लाइलाज नइखे। निश्चित रूप से ई हमरा आ परिवार खातिर कठिन समय रहे। डॉक्टर्स एकर नियमित स्कैनिंग के सलाह देले बा लो। फिलहाल हम ठीक बानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.