[the_ad_group id="30365"]

इजराइल के ड्रोन कइलस कार के पीछा, दगलस 2 गो मिसाइल, मारल गइल हमास के सदस्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इजरायली ड्रोन हमला में हमास के एगो अधिकारी के मउत के खबर बा. खबर बा कि दक्षिण लेबनान में इजरायली हवाई हमला में हमास के एगो सदस्य के मउत हो गइल बा आ दू गो अउरी घवाहिल हो गइल बाड़े. बतावल जा रहल बा कि इजरायली ड्रोन राशाया शहर में एगो कार के पीछे-पीछे चललस, ओकरा पs दुगो मिसाइल चलवलस, जवना के चलते गाड़ी में आग लाग गईल। कार के ड्राइवर शरहबील अल सैयद के मउत हो गईल। इजरायली एह हमला में अल सैयद के साथी आ एगो अउरी आदमी गंभीर रूप से घवाहिल हो गइल बाड़े.

जबले फिलिस्तीन के मुक्ति ना मिल जाई तबले ई आंदोलन जारी रही

हमास के सैन्य शाखा अल-कसम ब्रिगेड एगो बयान जारी कs एह बात के पुष्टि कइले बा कि अल-सईद एह संगठन के सदस्य हउवें. घटना स्थल के निरीक्षण करत पूर्वी लेबनान के बेका क्षेत्र में हमास के अधिकारी महमूद बराका एगो अलग बयान जारी कs कहले कि जब ले फिलिस्तीन के आजादी ना मिल जाई तब ले इs आंदोलन जारी रही। बता दीं कि लेबनान-इजराइल सीमा पs 8 अक्टूबर 2023 के बाद से तनाव बढ़ गइल बा जब लेबनान के सशस्त्र समूह हिजबुल्लाह हमास हमला से एकजुटता देखावे खातिर इजरायल के ओर रॉकेट चला दिहलस. एकरा बाद इजरायल एकर जवाबी कार्रवाई करत दक्षिण पूर्वी लेबनान के ओर भारी तोपखाना से गोलीबारी कs दिहलस|

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]