[the_ad_group id="30365"]

हवा में रिफ्यूलिंग, फेर दागल गईल मिसाइल; अइसे इजराइली एयरफोर्स तबाह कइले हिजबुल्ला के ठिकाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इजरायल के वायुसेना अतवार के दिने लेबनान में हिजबुल्ला के निशाना पs तेजी से हमला कइलस. इजरायल रक्षा बल (आईडीएफ) एह अभियान के एगो वीडियो साझा करत लिखले बा कि, इजरायली वायुसेना हिजबुल्ला के बड़ पैमाना पs आतंकी हमला के रोके खातीर सटीक कार्रवाई कईलस। लेबनान में भइल एह अभियान का दौरान वायुसेना हिजबुल्ला के आतंकी अड्डा के निशाना बनवलस जवना से इजरायली परिवार आ घरन के सुरक्षा मिलल.

‘सैन्य कार्रवाई खतम नइखे भइल’.

ओने अतवार के दिने इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू अपना मंत्रिमंडल के संबोधित करत चेतवले कि सैन्य कार्रवाई अबहीं खतम नइखे भइल. नेतन्याहू कहले कि, हमनी के हिजबुल्ला के एगो शानदार, विनाशकारी झटका दे रहल बानी। एह अभियान के बारे में नेतन्याहू कहले कि सेना हजारों छोट दूरी के रॉकेट के नष्ट कs देले बिया, जवना के मकसद इजरायल के गैलिली क्षेत्र में नागरिक अवुरी सेना के नुकसान पहुंचावे के रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]