[the_ad_group id="30365"]

जंग रोके खातीर तइयार हो गइल इजराइल! हमास के सोझा रखलस इs खास शर्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इजराइल हमास युद्ध : गाजा में इजराइल आ हमास के बीच युद्ध जारी बा। हाल के समय में इजराइल लगातार हमला कइले बा जवना में सैकड़न लोग के जान गइल बा। हालांकि दू महीना से अधिका समय ले लमहर युद्ध लड़ला के बाद अब इजराइल अपना बलबूते एह लड़ाई के रोके के पहल कइले बा। बाकिर ई युद्ध शायद हमेशा खातिर ना चली बाकिर दू महीना के लमहर समय ले चल सकेला। एकरा खातिर हमास के प्रस्ताव भेजल गइल बा।

इजराइल आ हमास के लड़ाई के बीच इजराइल के ओर से एगो बड़ पहल भईल बा। इजराइल हमास के एगो प्रस्ताव भेजले बा। एह प्रस्ताव के सबसे जरूरी बात ई बा कि इजराइल दू महीना खातिर एह युद्ध के रोके के बड़हन बयान दिहले बा। इs प्रस्ताव मिस्र अउरी कतर के माध्यम से भेजल गईल बा जवन एह युद्ध में मध्यस्थ के भूमिका निभवले रहे| ईs जानकारी खुद इजराइल के रक्षा विभाग से जुड़ल अधिकारी दिहले बाड़न।

जंग रोके के प्रस्ताव में शर्त?

इजराइल के ओर से युद्ध रोके के प्रस्ताव में खास तौर पs गाजा में बंद सभ बंधक के रिहा करे के मांग कईल गईल बा। दरअसल गाजा में बंधक बना के राखल बहुते इजराइल लोग के परिवारन पs सरकार पs बहुते दबाव बा कि ऊ अपना परिवार के सदस्यन के रिहा कs देव जे बंधक बना के राखल गइल बा। एह दौरान बंधक के परिजन भी प्रदर्शन कईले। सोमार के वित्त समिति के बैठक के दौरान बंधक के परिजन संसद में प्रवेश कईले। संसद में कहले कि, ‘उहाँ बंधक के हत्या होखता अवुरी अयीसन स्थिति में आप इहाँ बैठक नईखी कs सकत।’

सरकार के खिलाफ बंधक परिवारन के कड़ा प्रदर्शन

अतवार के रात इजराइल सरकार के खिलाफ लोग अपना परिवार के सदस्यन के रिहाई के माँग करत कड़ा विरोध कइले रहुवे। सोमार के दिने इजराइल गाजा के खान यूनिस पs बमबारी कइलस। एहमें 50 गो फिलिस्तीनी लोग के मउत हो गइल। इजरायल के एह जमीनी हमला के चलते खान यूनिस से संपर्क पूरा तरह से खतम हो गइल बा। रेडक्रॉस सोसाइटी के मुताबिक इजरायली सुरक्षा बल भी ओ लोग के एम्बुलेंस केंद्र के घेराबंदी कईले। एकरा चलते घाही लोग के अस्पताल ना पहुंचावल जा सकल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]