[the_ad_group id="30365"]

Israel: बेरूत के अंदरुनी इलाकन में इस्राइल के हवाई हमला, जामा इस्लामिया संगठन के चार सदस्यन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लेबनान में हिजबुल्ला आ आउर हथियारबंद समूहन पs इस्राइल के हमला जारी बा। अब सोमार के इस्राइल लेबनान के राजधानी बेरूत में हवाई हमला कइलस। एह हमला में चार लोगन के मौत भइल बा। बतावल जा रहल बा कि मारल गइल चारो इस्लामिक संगठन जामा इस्लामिया के सदस्य रहलें सs। इस्राइली ड्रोन बेरूत के अंदरुनी इलाकन में एगो फ्लैट के निशाना बनवलस जेमे उहां मवजूद चार लोगन के मौत हो गइल। गौर करे वाला बात बा कि अभी तक इस्राइल बेरूत के बाहरी इलाकन में हमला कइले बा, बाकिर 7 अक्तूबर के बाद से ई पहिला मवका बा, जब बेरूत के अंदरुनी इलाकन के निशाना बनावल गइल बा।

अतवार के इस्राइली हमलन में 100 से जादे लोगन के मौत

इस्राइल के लेबनान में हिजबुल्ला के ठिकानन पs हमला बीतल कई दिनन से जारी बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोतबिक, लेबनान के स्वास्थ्य मंत्रालय बतवलस कि अतवार के भइल हमलन में 100 से जादे लोगन के मौत भइल आ 359 लोग घायल भइल बा। अतवार के इस्राइल युद्ध के एगो आउर मोर्चा खोल देलस आ यमन में हूती विद्रोहियन के ठिकानन के निशाना बनवलस।

अतवार के भइल हमला में इस्राइल हिजबुल्ला के एगो आउर शीर्ष कमांडर नबील कोउक के ढेर कs देलस। हिजबुल्ला नवील कोउक के मौत के पुष्टि कइलस। बीतल एक हफ्ता में ई हिजबुल्ला के सातवां शीर्ष कमांडर के मौत भइल बा। एकरा पहिले सुक के इस्राइली हमले में हिजबुल्ला चीफ हसन नसरल्ला आ एगो आउर शीर्ष नेता अली कार्की के मौत भइल रहे।

ओहिजा, हिजबुल्ला इस्राइल पs आपन हमलो तेज कs देले बाड़ें। हिजबुल्ला के हमलन में इस्राइल में कइयन लोग घायल भइल आ बहुते नुकसान भइल बा। हालांकि, जादेतर रॉकेट आ मिसाइलन के इस्राइल हवा में मार गिरवलस। लेबनान में अब तक इस्राइली हमलन में 1,030 लोगन के मौत भइल बा, जेमे 156 महिला आ 87 बच्चा सामिल बा लो। लाखन लोगन के विस्थापित होखे के पड़ल बा। ढाई लाख के करीब लोग शरणार्थी शिविरन में रह रहल बा आ  एकरा से चार गुना जादे लोग आपन घर छोड़के अपना रिश्तेदारन के घर ठहरल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]