[the_ad_group id="30365"]

Israel-Hamas War: ‘हमनीं तेल अवीव पऽ कइनीं बड़ मिसाइल हमला…’, हमास के आर्म्ड विंग के बड़ दावा; इजरायल कइलस जवाबी कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Israel-Hamas War हमास के सशस्त्र शाखा अल-कसम ब्रिगेड कहले कि उऽ रविवार के तेल अवीव पs एगो बड़ मिसाइल हमला कइले। बतावल जा रहल बा कि इजरायली सेना संभावित आवे वाला रॉकेटन के चेतावनी खातिर शहर में सायरन बजवलस। रविवार के अपना टेलीग्राम चैनल पs एगो बयान में अल-क़सम ब्रिगेड कहले कि रॉकेट नागरिकम के खिलाफ ज़ायोनी नरसंहार के जवाब में लॉन्च कइल गइल रहे।

इजरायल आ हमास के बीच कई महीना से जंग छिड़ल बा। एह युद्ध में दुनु तरफ से हजारन लोग अबही ले जान गवां देलस। ई जंग पूरा मिडल ईस्ट में कोहराम मचा के रखले बा। दुनु ओर एह जंग से तबाही मचल बा। हमास के ओर शुरू भइल एह जंग के अब इजरायली सेना नअपना मिशन बना लेले बा आ हमास के ठिकानन के तबाह करे के कसम खा लेले बा एही बीच खबर बा हमास एक बार फेर तेल अवीव पs बड़ मिसाइल हमला कइले बा।

केहू के हताहत होखे के कवनो रिपोर्ट नइखे

हमास अल-अक्सा टीवी कहलस कि रॉकेट गाजा पट्टी से लॉन्च कइल गइल रहे। पिछला चार महीनन से तेल अवीव में रॉकेट सायरन ना सुनल गइल रहे। इजरायली सेना तुरंत सायरन के कारण नइखे बतवले। इजरायली आपातकालीन चिकित्सा सेवा कहलस कि ओकरा कवनो तरे हताहत होखे के कवनो रिपोर्ट नइखे मिलल।

साभार – दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]