[the_ad_group id="30365"]

‘इनके घर में देश खातिर कुतओ ले मरल बा का?’ – कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे सधलें बीजेपी पs निशाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के अलवर में एगो जनसभा के संबोधित करत कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे कहनें कि कांग्रेस न खाली देश के आज़ादी दियवलस अउर देश के एकता खातिर इंदिरा अउर राजीव गांधी अपने जान के क़ुर्बानी दिहलें। ऊ बीजेपी पs निशाना साधत कहनें, ‘हमनींके पार्टी के नेता लोग आपन जान दिहले लोग, रउआ सभन का कइनीं? रउआ घर में देश खातिर कुतओ ले मरल बा? का(केहू) कौनो क़ुर्बानी दिहले बा? नाहीं, लेकिन तब्बो ऊ देशभक्त अउर हम कुछुओ बोलीं त देशद्रोही।’

एह जनसभा में कांग्रेस सांसद राहुल गांधी कहनें, ‘भाजपा के नेता जहवाँ जानें, अंग्रेजी के खिलाफ बात करेने। स्कूल में अंग्रेजी नाइ होखे के चाहीं. कब्बो उनसे पूछीं की उनकर बेटा कौने स्कूल में पढ़sला? इनके सब CM, सांसद, विधायकन के लइके अंग्रेजी माध्यम स्कूल में जालें।’

‘ई नाइ चाहेने कि देश के गरीब के बच्चा अंग्रेजी सीखे’

राहुल गांधी कहनें, ‘ई नाइ चाहेने कि देश के गरीब के बच्चा अंग्रेजी सीखे। हम ई नइखीं कहत कि हिंदी चाहे दूसर भाषा नाइ सीखे के चाहीं लेकिन आपके दुनिया के दूसर देशन से बात करे के बा त उहां हिंदी काम नाइ आई, उहां अंग्रेजिये काम आई।‘

बता देईं कि कांग्रेस नेता राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा एह समय राजस्थान से गुजर रहल बा। कन्याकुमारी से सात सितंबर के शुरू भइल ‘भारत जोड़ो यात्रा’ अब ले आठ राज्यन-तमिलनाडु, केरल, कर्नाटक, तेलंगाना, आंध्र प्रदेश, महाराष्ट्र, मध्य प्रदेश से गुजर चुकल बा अउर अब राजस्थान में बा।

भारत जोड़ो यात्रा के 100 दिन पूरा

सुक्क के यात्रा के 100 दिन पूरे हो गइल रहे। एह यात्रा में राजनीतिक नेता लोग के अलावा पूजा भट्ट, रिया सेन, सुशांत सिंह, स्वरा भास्कर, रश्मि देसाई, आकांक्षा पुरी अउर अमोल पालेकर जइसन फिल्म अउर टेलीविजन हस्तियन के संगे-संगे समाज के कई वर्ग के लोग के भागीदारी देखल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]