[the_ad_group id="30365"]

वास्तु शास्त्र: घर में तोता पालल शुभ होला कि अशुभ! 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जानवर अउर पक्षी वास्तव में एह संसार के सबसे अद्भुत प्राणियन में से एक बा अउर एहमें कवनो संदेह नइखे कि हम अइसन पालतू जानवरन के रखल पसंद करेनीं जा जवन हमनीं के प्यार के माहौल देने सs। पालतू जानवर घर में खुशनुमा अउर प्यारा माहौल बनावे में मदद करेने सs।

ज्यादातर लोग अपने घर में पालतू जानवर अउर पक्षी के पालेने। जइसे जानवर में कुत्ता से लोग के बहुत लगाव होला, अइसहीं पक्षियन में तोता से लोग के लगाव होला। कहल जाला कि तोता पालल केहू खातिर शुभ होला तs केहू खातिर अशुभ। आईं जानल जाव कि तोता पालना शुभ होला आ कि अशुभ।

घर में तोता पालल शुभ काहें? 

*वास्तु शास्त्र के अनुसार घर के उत्तर दिशा में तोता आ तोता रखल बहुते शुभ मानल जाला। मानल जाला कि एहसे बचवन के पढ़ाई में मन लागेला अउर उनकर स्मरण शक्ति बढ़ेला।

*जवन व्यक्ति अपने घर तोता पालेने ओकर बेमारियन के खतरा कम हो सकता अउर लोग के मन में निराशो कम होला।

*जदि रउआ घर में तोता पालत बानीं चाहे ओकर तस्वीर लगावत बानी तs एहसे राहु केतु अउर शनि के बाउर नजर आपके घर पs ना पड़ी। एके पलले से केहू खातिर अकाल मृत्यु नाहीं होला।

*जदि तोता के घर के पिंजरा में रखल जाव तs अइसे में उनकर खुश रहल बहुत जरूरी बा वरना जदि तोता नाराज हो जाय तs ऊ आपके घर के बद्दुओ दे सकsता, जेकर नकारात्मक प्रभाव आपके जीवन पs पड़ सकता।

*तोता के पलले से पति पत्नी के रिश्ता बेहतर होला। संगे माहौल में सकारात्मकता बढ़sला।

तोता पालल अशुभ काहें? 

*जदि केहू के कुंडली में तोता के योग नइखे अउर ऊ तोता पालता तs ई अपव्यय के कारण हो सकता।

*अइसनो कहल जाला कि अगर तोता खुश नइखे होत, तs ऊ अपने मालिक के बददुआ देला। कवनो जीव चाहे पक्षी के बंधक बना के रखल उचित ना होला।

*अगर केहू के घर में लड़ाई-झगड़ा के माहौल होला तs तोता ओ शब्द के सुनला अउर फिर उनके दोहरावला। अइसे में तोता के फल शुभ नाइ होला।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]