यात्री लोग कृपया ध्यान देईं : ट्रेन में अधिका सामान ले गइल पड़ी महंग

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 6, 2022

अधिका सामान लेके चले वाला लोग के ट्रेन से यात्रा करत घरी सावधान रहे के जरूरत बा. दशकन से भारतीय रेलवे उदारवादी बा आ यात्री अतिरिक्त सामान ले के यात्रा करत बाड़े बाकिर अब अइसन

Share

अधिका सामान लेके चले वाला लोग के ट्रेन से यात्रा करत घरी सावधान रहे के जरूरत बा. दशकन से भारतीय रेलवे उदारवादी बा आ यात्री अतिरिक्त सामान ले के यात्रा करत बाड़े बाकिर अब अइसन नइखे रहि गइल. हवाई यात्रा का तरह अब रेल यात्री के अधिका सामान ले जाए खातिर अतिरिक्त पइसा देबे के पड़ी.

रेल मंत्रालय अपना आधिकारिक ट्विटर हैंडल के माध्यम से लोग के ट्रेन में जादा सामान लेके यात्रा ना करे के सलाह देले बा। मंत्रालय ट्वीट में कहलस कि, जदी सामान जादा होई त फेर यात्रा के सुख आधा हो जाई!

एह सीमा तक सामान शुल्क लागू ना होखी

एसी फर्स्ट क्लास में 70 किलो तक के सामान मुफ्त में ले जाइल जा सकेला। एसी 2-टीयर में 50 किलो तक के सामान के सीमा बा। एसी 3 टीयर स्लीपर, एसी चेयर कार अवुरी स्लीपर क्लास में 40 किलो तक के सामान के अनुमति बा। 2-क्लास खातिर एकर सीमा 25 किलोग्राम तक बा। अतिरिक्त सामान के न्यूनतम शुल्क 30 रुपया बा।

सामान बुक कइले के तरीका

सामान ले जाए खातिर जवना ट्रेन में जा रहल बानी ओकरा प्रस्थान समय से 30 मिनट पहिले एकरा के बुकिंग स्टेशन के सामान कार्यालय में पेश करे के होई। एकरा अलावे यात्री टिकट बुकिंग करत घरी अपना सामान के पहिले से बुकिंग भी क सकतारे। ध्यान रहे कि जवन सामान सुरक्षित रूप से पैक ना कईल गईल होखे, ओकरा के बुकिंग अवुरी ढोवे खाती स्वीकार कईल जा सकता। एह दौरान सामान के कंसाइनर भा अधिकृत एजेंट यात्री के सहमति के नोट दिहे।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.