[the_ad_group id="30365"]

ईरानी राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के हेलीकॉप्टर अब ले नाहीं मिलल, अजरबैजान में भइल बा क्रैश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ईरानी राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के लेके जात हेलीकाप्टर अतवार के दिने पूर्वी अजरबैजान के के लगे दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ अबहीं ले नइखे मिलल. दुर्घटना के बाद बचाव अभियान चल रहल बा बाकीर बचाव दल अबे ले हेलीकाप्टर ले नईखे पहुंच पावल। ईरान के एगो टेलीविजन चैनल के मुताबिक, ईरान के तरबेज शहर के सांसद मोहम्मद रेजा मीर ताज कहले कि, राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के हेलीकाप्टर अबे तक नईखे मिलल .उs बतवले कि बचाव में लागल अधिकारी अवुरी सेना भी दुर्घटना स्थल ले पहुंचे खातीर ड्रोन के इस्तेमाल करतिया, बाकीर अबे ले उs लोग सफल नईखे भईल अवुरी उनुका से संपर्क नईखे हो पावत।

खराब मौसम के चलते हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त

ईरानी सांसद मोहम्मद रेजा मीर ताज कहले कि, “प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के हेलीकाप्टर पूर्वी अजरबैजान प्रांत के आसपास के जंगल से गुजरत रहे, तबे अचानक दुर्घटनाग्रस्त हो गईल, जवन कि तबरीज से 106 किलोमीटर दूर बा। हेलीकाप्टर पs सवार लोग अभी तक लापता बाड़े।” कवनो संपर्क नइखे भइल.” ईरान के गृहमंत्री अहमद वाहिदी कहले कि, “राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी के हेलीकाप्टर खराब मौसम अवुरी कोहरा से टकरा गईल अवुरी एकरा चलते उनुका संगे आईल एगो हेलीकाप्टर, जवन कि राष्ट्रपति के लेके जात रहे, हार्ड लैंडिंग करे के पड़ल। खराब मौसम “आ कोहरा के चलते , हेलीकाप्टर ले पहुंचे में समय लाग सकता।”

समाचार एजेंसी एपी के रिपोर्ट के मुताबिक, अमेरिकी विदेश विभाग कहले बा कि उs ईरानी राष्ट्रपति अवुरी विदेश मंत्री के लेके जाए वाला हेलीकाप्टर के हार्ड लैंडिंग के खबर पs बारीकी से नजर राखता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]