[the_ad_group id="30365"]

मंत्री के काफिला के कार IPS अधिकारी के मरलस जोरदार टक्कर, करे के पड़ल सर्जरी, VIDEO वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तेलंगाना के भद्राद्रि कोठागुडेम जिला से एगो चौंकावे वाला मामिला सामने आइल बा। इहाँ एगो आईपीएस अधिकारी के मंत्री के काफिला के गाड़ी से टक्कर मार दिहलस जब उs बस्ती के ड्यूटी पs रपले। एs टक्कर में अधिकारी गंभीर रूप से घाही हो गईले अवुरी उनुका के अस्पताल में भर्ती करावे के पड़ल। इहाँ उनुकर सर्जरी भी भईल रहे।

पूरा बात का बा?

आईपीएस परितोष पंकज भद्राचलम के एएसपी हउवें आ सोमार के दिने मुख्यमंत्री ए रेवंत रेड्डी के शहर दौरा के दौरान बस्ती के ड्यूटी पs रहले। ड्यूटी के दौरान परितोष पंकज के मंत्री के काफिला के गाड़ी टक्कर मार देले। कार के टक्कर एतना तेज रहे कि आईपीएस अधिकारी परितोष गिर के घाही हो गईले।

एह घटना के वीडियो भी वायरल हो रहल बा। जवना में देखल जा सकेला कि कइसे परितोष गाड़ी से टकरा के अचानक गिर गइले। अधिकारी के तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गईल। बाद में पुलिस कहलस कि परितोष के चोट लागल बा।

जानकारी मिलल बा कि परितोष के बायां आंख के लगे एगो छोट फ्रैक्चर हो गईल बा। जवना के बाद उनुकर सर्जरी भी हो गईल। फिलहाल उs हैदराबाद के एगो अस्पताल में बाड़े।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]