[the_ad_group id="30365"]

IPL Playoffs Scenario: तीन टीम के खेल खतम, अब एह दु टीमन पs भी संकट गहराइल बा

आईपीएल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह साल आईपीएल में तीन गो टीम बाड़ी सँ जवन खिताब जीते के दावेदारी से बाहर बाड़ी सँ. हालांकि बाकी मैच लीग फेज में खेलीहें आ ओकरा बाद उनुकर आईपीएल खतम हो जाई. ओने तीन गो टीम के बाहर होखला का बावजूद अबहीं ले कवनो एक टीम नइखे जवन प्लेऑफ में आपन जगहा पुष्टि कs सके. कई गो टीम एकरा बहुते करीबी बाड़ी सँ बाकिर आखिरकार अबहीं ले क्वालीफाई नइखे कइले. अब दू गो अउरी टीम बाड़ी सँ जवन कबो आउट हो सकेली सँ. 

चेन्नई, राजस्थान आ हैदराबाद के खेल खतम हो गइल बा

एमएस धोनी के कप्तान चेन्नई टीम एह साल बाहर होखे वाली पहिला टीम रहल. टीम अबले आईपीएल के पाँच गो खिताब जीत चुकल बिया बाकिर एह साल टीम के सीजन ठीक से ना चलल. टीम एह घरी अंक तालिका में सबसे नीचे बा यानी दू गो मैच जीतला के बाद दसवाँ स्थान पs बा। एकरा बाद राजस्थान आ हैदराबाद के टीम भी बाहर हो चुकल बा। राजस्थान आ हैदराबाद के टीम तीन-तीन मैच जीत चुकल बाड़ी सँ बाकिर अब ऊ टीमो आउट हो गइल बाड़ी सँ. मतलब कि ई सीजन ओह लोग खातिर खतम हो गइल बा. हालांकि बाकी मैच खेलत लउकीहें. 

लखनऊ आ कोलकाता पर भी संकट के बादल मंडरा रहल बा

एह तीनों टीम का बाद अब दू गो अउरी टीम लागत बा कि ओह लोग के बाहर होखे के खतरा बा. एलएसजी यानी लखनऊ सुपर जाइंट्स अबले 11 गो मैच खेलले बा आ पाँच गो मैच जीत चुकल बा. उनुका लगे दस अंक बा बाकिर टीम खातिर आगे के रास्ता बहुते मुश्किल लउकत बा. भले टीम आपन बाकी सगरी मैच यानी तीन गो मैच जीत लेव बाकिर तबहियों ओकरा महज 16 अंक मिल जाई. जवन प्लेऑफ में चहुँपे खातिर पर्याप्त साबित ना होखी. एकरा बाद अगर केकेआर यानी कोलकाता नाइट राइडर्स के बात कईल जाए त इ टीम 11 में से 5 मैच जीत चुकल बिया अवुरी ओकरा लगे भी मात्र 11 अंक बा। मतलब कि अगर टीम एहिजा से बाकी सगरी मैच जीत लेव तs ऊ 17. एह तरह से केहू प्लेऑफ में चहुँप सकेला बाकिर एहिजा कवनो टीम खातिर लगातार जीतल बहुते मुश्किल होला. 

शीर्ष 5 टीम में से कवनो चार टीम के संभावना

एह घरी मानल जा सकेला कि अंक तालिका में शीर्ष 5 टीम में से चार गो प्लेऑफ में जाई. हालांकि कुछुओ हो सकता, बाकिर वर्तमान स्थिति के देखला पs इहे होखता देखाई देता। मुख्य मुकाबला खाली टॉप 5 टीम के बीच होखत लउकत बा. अबहीं बहुते मैच बाचल बा आ कुछुओ हो सकेला. खास कर के जवन तीन गो टीम बाहर हो गइल बाड़ी सँ ऊ केहू के खेल बिगाड़े खातिर काफी बाड़ी सँ. मतलब कि आईपीएल में आवे वाला दिन अउरी रोमांचक हो सकेला. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]