[the_ad_group id="30365"]

IPL में सबसे जादे सिक्स लगावे वाला पांच बल्लेबाज, भारतीय कप्तान Rohit Sharma के नाम बा सामिल; देखीं पूरा लिस्ट 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में क्रिकेट के त्योहार कहल जाये वाला आईपीएल के महासंग्राम सुरू होखे वाला बा। दुनिया के सबसे मशहूर टी-20 लीगन में से एगो आईपीएल में जमके चौका-छक्का के बरसात होला। गेंदबाजन के जमके धुनाई होला आ रनन के अंबार लागेला।

टूर्नामेंट में हर साल कवनो अइसन बल्लेबाज निकलके सामने आवेला, जे अपना प्रदर्शन से वर्ल्ड क्रिकेट में नया पहचान हासिल करेला। एह पोस्ट में हमनी के आज बात करेम सs ओह पांच बल्लेबाजन के, जेकरा नामे आईपीएल में सबसे जादे बेर गेना के हवाई यात्रा पs भेजे के रिकॉर्ड दर्ज बा।

IPL में सबसे जादे छक्का लगावे वाला पांच बल्लेबाज

1. क्रिस गेल

आईपीएल में सबसे जादे छक्का लगवला के रिकॉर्ड के ममिला में टॉप पs क्रिस गेल के नाम दर्ज बा। गेल अपना तूफानी बल्लेबाजी से सुरुआती साले से एह लीग में फैन्स के जमके मनोरंजन कइले बाड़ें। गेल आईपीएल में खेलल 142 मैचन में 357 छक्का जड़लें बाड़ें। कवनो बल्लेबाज गेल के अलावे 300 से जादे छक्का नइखे लगा सकल।

2. एबी डिविलियर्स

 

मिस्टर 360 के नाम से मशहूर एबी डिविलियर्स भारतीय फैन्स के बीच एह लीग में अपना धमाकेदार बल्लेबाजी खातिर जानल जाले। डिविलियर्स आईपीएल में सबसे जादे छक्का जमावे के ममिला में गेल के बाद दूसरा नंबर पs काबिज बाड़ें। एबी आईपीएल में खेलल 184 मैचन में 251 बेर गेना के हवाई यात्रा पs भेजले बाड़ें।

3. रोहित शर्मा

मुंबई इंडियंस के पांच बार चैंपियन बनावे के कारनामा कs चुकल कप्तान रोहित शर्मा के बल्ला एह लीग में खूब बोलेला। रोहित के बल्ला जब बोलेला तs दुनिया के बड़ से बड़ गेंदबाज उनका आगे पानी मांगत नजर आवेला लो। हिटमैन के नाव से मशहूर रोहित आईपीएल में अबतक खेलल 227 मैचन में 240 छक्का लगा चुकल बाड़ें।

4. एमएस धोनी

 

चेन्नई सुपर किंग्स के कप्तान एमएस धोनी के गिनती एह लीग के सबसे खतरनाक बल्लेबाजन में कइल जाला। माही पारी के संभरला के संगे-संगे मैच के फिनिश करे के हुनरो बखूबी जानेले। इहे वजह बा कि आईपीएल में सबसे जादे सिक्स लगावे के ममिला में धोनी एह लिस्ट में तीसरका नंबर पs मवजूद बाड़ें। सीएसके के कप्तान आईपीएल में खेलल गइल 234 मैचन में अबतक कुल 229 छक्का लगवले बाड़ें।

5. कीरोन पोलार्ड

कीरोन पोलार्ड के एह फॉर्मेट के सबसे धाकड़ बल्लेबाज के तौर पs जानल जाला। पोलार्ड अकेला दम पs कइयन मैचन में मुंबई इंडियंस के जीत दिला चुकल बाड़ें। पोलार्ड जब अपना रंग में होले, तs उनका के रोकल कवनो गेंदबाज खातिर आसान ना होला।

कैरेबियाई बल्लेबाज आईपीएल में खेलल 189 मैचन में 223 सिक्स जड़लें बाड़े। हालांकि, पोलार्ड के विस्फोटक अंदाज एह साल देखे के ना मिली, काहेकि वेस्टइंडीज के स्टार बल्लेबाज आईपीएल से संन्यास के ऐलान कs देलें बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]