[the_ad_group id="30365"]

IPL 2024 Auction : एतना बजे से सजी खिलाड़ियन के बाजार, जानी लेटेस्ट अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आईपीएल 2024 के ऑक्शन आजु दुपहरिया एक बजे दुबई में शुरू होखी। सब प्रशंसकन के नजर एही पs टिकल बा। आईपीएल के ऑक्शन के तइयारी सगरी टीम पूरा कs चुकल बाड़ी सँ। आईपीएल दुनिया के सबसे जादा देखल जाए वाला क्रिकेट लीग हs अवुरी बहुत खिलाड़ी इहाँ खेल के आपन कैरियर बनवले बाड़े। कई गो स्टार खिलाड़ियन के आजु ऑक्शन में करोड़पति बने के पूरा मौका बा।

मल्लिका सागर ऑक्शन करे वाली होखीहें

अबकी बेर नीलामी खातिर मल्लिका सागर के ऑक्शन करे वाली चुनल गइल बा। मल्लिका सागर मुंबई में रहेली आ एहसे पहिले भी ई काम कइले बाड़ी। मल्लिका वुमेंस प्रीमियर लीग 2023 के सगरी खिलाड़ियन के लगातार 2 बेर सफलतापूर्वक नीलाम कs चुकल बाड़ी। आईपीएल के इतिहास में ई पहिला बेर होखी जब कवनो महिला ऑक्शनीयर करे वाली खिलाड़ियन के ऑक्शन करी।

खिलाड़ी 19 सेट में बाटल गइले

ऑक्शन के अंतिम सूची में शामिल खिलाड़ियन के 19 गो सेट में बाँटल गइल बा। बल्लेबाज, ऑलराउंडर, तेज गेंदबाज, स्पिनर, विकेटकीपर, कैप आ अनकैप खिलाड़ी के अलग अलग सेट होखी जे एक के बाद एक बारी-बारी से आ रिपीट होत रहीहें।

IPL 2024 ऑक्शन खातीर टीमन के लगे बचल पर्स

सनराइजर्स हैदराबाद- 34 करोड़

कोलकाता नाइट राइडर्स-32.70 करोड़

चेन्नई सुपर किंग्स-31.4 करोड़

पंजाब किंग्स-29.1 करोड़

दिल्ली कैपिटल्स-28.95 करोड़

आरसीबी- 23.25 करोड़

मुंबई इंडियंस-17.75 करोड़

राजस्थान रॉयल्स- 14.5 करोड़

लखनऊ सुपर जायंट्स-13.15 करोड़

गुजरात टाइटंस-38.15 करोड़

दुपहरिया एक बजे से ऑक्शन शुरू होई

आईपीएल 2024 के ऑक्शन दुबई के कोका कोला एरिना में करावल जाई जहाँ दस गो फ्रेंचाइजी टीम खिलाड़ियन के बोली लगईहें। ई नीलामी स्थानीय समय के अनुसार सबेरे 11:30 बजे, आ भारतीय समय के अनुसार दुपहरिया 1:00 बजे से शुरू होखी। बता दीं कि अबकी बेर नीलामी के आयोजन एक दिन खातिर कइल गइल बा।

IPL 2024 ऑक्शन खातीर टीमन के लगे बचल स्लॉट

चेन्नई सुपर किंग्स- 6 स्लॉट

दिल्ली कैपिटल्स- 9 स्लॉट

गुजरात टाइटंस- 8 स्लॉट

केकेआर- 12 स्लॉट

लखनऊ सुपर जायंट्स- 6 स्लॉट

मुंबई इंडियंस- 8 स्लॉट

पंजाब किंग्स- 8 स्लॉट

आरसीबी- 6 स्लॉट

राजस्थान रॉयल्स- 8 स्लॉट

सनराइजर्स हैदराबाद- 6 स्लॉट

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]