[the_ad_group id="30365"]

iPhone अपडेट क‌रतही बंद भ‌इल लोगन के इंटरनेट, Apple पs से फूटल लोगन क गुस्सा, जानीं वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

iPhone यूजर्स के OS 17.2.1 अपडेट क‌इला के बाद कॉल करे आ नेटवर्क से कनेक्ट करे में समस्या आ रहल बा। ई अपडेट बैटरी के समस्या से निपटे के खातिर बा, लेकिन एकरा वजह से लोगन के नया परेसानी होत बा। शिकायतन के बारीकियन के कइयन गो अलगे-अलग प्लेटफॉर्म पs देखल गइल आ एमे से एगो यूजर फोन डेटा टर्न ऑन करे के मांग कइलस । एप्पल एह पर पर कवनो ऑफिशियल घोषणा नइखे क‌इले।

Apple के तरफ से यूजर्स के बैटरी के समस्या से निपटे खातिर ई अपडेट दिहल ग‌इल रहे, बाकिर अब अइसन लगत बा कि एह अपडेट के वजह से लोगन के न‌या परेसानी हो ग‌इल बा। ZDNet के मानल जाव तs लोगन के तरफ से एह समस्या के शिकायत कइयन गो अलग-अलग प्लेटफॉर्म पs क‌इल ग‌इल बा। Apple Community Forum पs एकर शिकायत क‌इल कइल गइल बा।

एगो यूजर बतावल कि ऊ सब तरे करे के कोसिस क‌इलन, माने सिम कार्ड चेंज क‌इल, फोन कंपनी आ स्टोर से मदद के मांग क‌इल, बाकिर कवनो फायदा नाहl भ‌इल। उनकरा अब तक अच्छा कनेक्शन ना मिलल। इहां तक कि जब सिग्नल पूरा तरे ठीक लउकत रहे तबो इंटरनेट ठीक से ना चलत रहे। यूजर के फोन डेटा टर्न ऑन करे के मांग करत रहे ।

एगो आउर यूजर आपन शिकायत में कहलस कि उनकरा बेटी के फोन में अइसने समस्या आ रहल बा। हालांकि, उहों ऐप्स स्टोर से एकरा खातिर मदद मंगली। अजीब बात ई  बा कि न‌या अपडेट के बैटरी बैकअप बढ़ावे खातिर जारी क‌इल ग‌इल बा। जबकि एकरा उलट कइयन गो यूजर्स के iPhone हीट के सामना करेके पड़ल आ इहां तक कि बैटरियो बहुत जल्दी डाउन होत बा। ऐपल के ओर से एह पs कवनो ऑफिशियल घोषणा नइखे क‌इल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]