[the_ad_group id="30365"]

Ayodhya: रामलला के प्राणप्रतिष्ठा खातिर पीएम मोदी के भेजल गइल निमंत्रण, 15 से 24 जनवरी के बीच मांगल गइल समय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामलला के प्राण प्रतिष्ठा महोत्सव खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के निमंत्रण पत्र भेज दिहल गइल बा। श्रीरामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट महोत्सव खातिर 15 से 24 जनवरी के बीच समय मंगले बा। सोमार के राममंदिर निर्माण समिति के बैठक के बाद महासचिव चंपत राय बतवलें कि पीएम मोदी से अपील कइल गइल बा कि प्राण प्रतिष्ठा महोत्सव में उनका सामिल होखे से समूचा विश्व में भारत के मान बढ़ी।

एह बीच अयोध्या में राम मंदिर के तइयारी तेजी से चल रहल बा। भूतल के काम करीब-करीब पूरा हो गइल बा। अब पहिला फ्लोर के काम जारी बा। मंदिर परिसर के अलावे समूचा अयोध्या के मंदिर खुलला के सुरू होखे से पहिले सजावे आ संवारे के काम तेजी से चल रहल बा।

मंदिर के सुरू होखला के बाद बड़ संख्या में लोग अयोध्या आई। एकरा के देखत होटल, रेस्टोरेंट आ धर्मशालन के निर्माण जारी बा। सड़कन के चौड़ाई बढ़ावल जा रहल बा। मुख्य मंदिर परिसर के अलावे अयोध्या के अंदर कइयन गो छोट-छोट मंदिर बा। ओहू मंदिरन के सौंदर्यीकरण करे खातिर बजट जारी कइल जा चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]