Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

NPS में निवेश के लेके सरकार जारी कइलस सर्कुलर, निवेशकन खातिर बा बहुते जरूरी

जदि रउआ NPS माने National Pension System में पईसा लगा के रखले बानी तs रउआ खातिर बड़ खबर ना। PFRDA नोडल अधिकारियन के आदेश देले बा कि जदि सब्सक्राइबर्स आपन डॉक्युमेंट्स अपलोड नइखे करत तs राउर पईसा रुक सकत बा।

3,933

का रउआ National Pension System के लाभ ले रहल बानी? का रउओ NPS में पईसा लगा के रखले बानी? जदि हs तs 1 अप्रैल 2023 से NPS के नियमन में बड़ बदलाव होखे जा रहल बा। नया नियमन के मोताबिक रउआ कुछ डॉक्युमेंट्स देहल जरूरी होई। जदि कवनो सब्सक्राइबर जरूरी कागजातन के जमा नइखे करत तs ऊ NPS से आपन पईसा ना निकल पाई।

PFRDA माने कि पेंशन फंड रेगुलेटरी ऐंड डेवलेपमेंट अथॉरिटी सब नोडल अधिकारियन के आदेस देलस कि सब्सक्राइबर्स के डॉक्युमेंट्स के अनिवार्य रूप से अपलोड कइल जाये। जदि एह डॉक्युमेंट्स में कवनो तरे के गलती होखे तs NPS सब्सक्राइबर के पईसा रुक जाई।

बता दीं कि सरकारी सर्कुलर के मोताबिक NPS सब्सक्राइबर के डॉक्युमेंट्स जमा करे के होई, जेमे NPS एक्जिट/निकासी फॉर्म, आईडी आ एड्रेस प्रूफ, बैंक अकाउंट प्रूफ, PAN कार्ड के कॉपी सामिल बा। संगही, NPS से मैच्योरिटी से पहिले रउआ लईकन के हायर एजुकेशन, ओह लोग के बियाह, घर बनावे भा किने आ गंभीर बेमारियन के इलाज खातिर पईसा निकाल सकत बानी। ओहिजा, NPS में निवेश करे वाला पूररा टेन्योर के दौरान खाली 3 बेर पईसा निकाल सकत बा।

रउआ सभे के बता दीं कि NPS में 18 से लेके 60 साल के उमिर तक के लोग इन्वेस्टमेंट कs सकत बा। ई केंद्र सरकार के तरफ से सुरू कइल गइल स्कीम बा, जेम निवेशक इक्विटी आ डेट दुनो में इन्वेस्टमेंट कs सकत बा। एकरा अलावे रउआ एमे 75% इक्विटी निवेश के ऑप्शन के सलेक्ट कs सकत बानी। ओहिजा, स्कीम के अवधि पूरा होखला के बाद रउआ कुल जमा राशि के 60% पईसा निकाल सकत बानी। 40% पईसा के रउआ एन्युटी कs के रख सकत बानी, जवना से 60 साल के बाद रउआ पेंशन मिलत रहे।

असल में, NPS लॉन्ग टर्म खातिर निवेश के प्लान हs। एमे निवेश के माध्यम से रउआ रिटायरमेंट पs एगो बड़ फंड बना सकत बानी। एतनही ना, एह स्कीम में निवेश करे वाला लोगन के इनकम टैक्स के 80 – CCD (1B) के तहत 50 हजार रुपिया आ 80-C के तहत रउआ 1.5 लाख रुपिया के बेनिफिट मिलेला।

483800cookie-checkNPS में निवेश के लेके सरकार जारी कइलस सर्कुलर, निवेशकन खातिर बा बहुते जरूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.