[the_ad_group id="30365"]

ग्लोबल इंवेस्टर्स समिट में निवेश लक्ष्य अब 17.13 लाख करोड़, शासन जारी कइलस आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विदेश से भारी भरकम निवेश प्रस्ताव पास भइले के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ग्लोबल इंवेस्टर्स समिट (जीआईएस) खातिर निवेश लक्ष्य 11.15 लाख करोड़ से बढ़ा के 17.13 लाख करोड़ रुपया कs दिहलें। एह संबंध में बियफे के शासनादेश जारी कइल गइल।

इंवेस्ट यूपी के नोडल अधिकारी अभिषेक प्रकाश के ओर से जारी शासनादेश में कहल गइल बा कि सरकार जीआईएस खातिर 16 देश में रोड शो खातिर मंत्रियन अउर शासन के वरिष्ठ अधिकारियन के भेजले रहनें। करीब 15 दिन ले विभिन्न देश में भइल रोड शो में 7.12 लाख करोड़ से अधिक के निवेश प्रस्ताव मिलल बा। विदेशी कंपनी लगातार एमओयू कर रहल बा।

सरकार अब भारतीय कंपनी अउर औद्योगिक समूहन से निवेश बुलावे खातिर कई प्रदेश में रोड शो के तैयारी कइले बानें। सरकार के मानल बा कि प्रदेश में होखे वाले रोड शो से पूर्व में निर्धारित लक्ष्य से ढ़ेर राशि के एमओयू साइन हो जाई। अइसे में सरकार निवेश लक्ष्य के बढ़ा के 17.12 लाख करोड़ रुपया कइल गइल बा।

आईटी अउर इलेक्ट्रानिक्स में सबसे ढ़ेर निवेश

सरकार आईटी अउर इलेक्ट्रानिक्स के क्षेत्र में निवेश खातिर सबसे अधिक लक्ष्य रखल बा। एह विभाग में निवेश लक्ष्य 1.20 लाख करोड़ से बढ़ा के 1.60 लाख करोड़ कइल गइल बा। एमएसएमई क्षेत्र में निवेश के ढ़ेर संभावना के मद्देनजर निवेश लक्ष्य 75 हजार करोड़ से बढ़ा के 1.25 लाख करोड़ रुपया कइल गइल बा।

ऊर्जा के क्षेत्र में लक्ष्य के 60 हजार करोड़ से बढ़ा के एक लाख करोड़ रुपया कइल गइल बा। ग्रेटर नोएडा अथॉरिटी अउर हाउसिंग के निवेश लक्ष्य के 60 हजार करोड़ से बढ़ा के एक लाख करोड़ रुपया कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]