[the_ad_group id="30365"]

Madhya Pradesh: कार्यक्रम में पहुंचले पीएम मोदी, थोड़ी देर में करिहें उद्घाटन

मध्य प्रदेश : कार्यक्रम में पहुंचले पीएम मोदी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल में आजु से ग्लोबल इंवेस्टर समिट ‘इंवेस्ट मध्य प्रदेश’ शुरू होखे जा रहल बा. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु राजधानी भोपाल में ‘इनवेस्ट मध्य प्रदेश’ के उद्घाटन करीहें.  मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री मोहन यादव शिखर सम्मेलन शुरू होखे से पहिले कहले कि, हमनी के उम्मीद बा कि एs शिखर सम्मेलन के सफल बनावे खातीर सभके सहयोग होई। ई शिखर सम्मेलन मुख्य रूप से नवहियन के रोजगार आ कारोबार के अवसर देबे खातिर बा. एह शिखर सम्मेलन में देश आ दुनिया के सगरी उद्योगपति भाग लीहें. 

एह शिखर सम्मेलन में वैश्विक नेता आ उद्योगपति भाग लीहें 

एह निवेशक शिखर सम्मेलन के आयोजन मध्य प्रदेश औद्योगिक नीति आ निवेश संवर्धन विभाग करत बा. एह शिखर सम्मेलन के उद्देश्य इंवेस्टमेंट के माहौल आ इंडस्ट्रियल इंफ्रास्ट्रक्चर ढांचा के उजागर कइल बा. राज्य सरकार के मुताबिक, इंवेस्टर्स समिट ग्लोबल लीडर्स, इंडस्ट्रियलिस्ट अवुरी एक्सपर्ट्स खातीर उभरत बाजार अवुरी रुझान के बारे में जानकारी साझा करे अवुरी मध्य प्रदेश के निवेश क्षमता के फायदा उठावे के तरीका खोजे खातीर एगो मंच के काम करी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]