Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

क्रिप्टोकरेंसी में करेनी इन्वेस्टमेंट? ITR फॉर्म में भइल एह बदलावन के चेक कs लीं

VDA खातिर बनावल गइल एह नया शेड्यूल में रउआ ई बतावे के होई कि रउआ वर्चुअल डिजिटल एसेट कब किनले बानी आ कब बेचले बानी। जदि रउआ FY 2022-23 में VDA के किना-बेची से कमाई कइले बानीं तs ई सारा जानकारी रउआ ITR भरे से पहिले जमा करे के होई। 

1,714

Virtual Digital Asset माने कि अइसन ऐसेट जवन डिजिटल फॉर्म में इस्तेमाल कइल जाला। ई ऐसेट्स इंडियन भा फॉरेन करेंसी ना होला। बलुक डिजिटल फॉर्मेट इस्तेमाल कइल जाला। वर्तमान समय में VDA के सबसे बड़ उदाहरण बा क्रिप्टोकरेंसी जइसे बिटकॉइन, इथीरियम आदि। असल में, इनकम टैक्स डिपार्टमेंट क्रिप्टो आ आउर वर्चुअल डिजिटल एसेट (VDA) से कमाई करे वाला लोगन खातिर ITR फॉर्म में बदलाव कइले बा। 2022 के बजट में क्रिप्टोकरेंसी पs टैक्स लगावल जाये के ऐलान कइल गइल।

ओहिजा, एह ऐलान के बाद सेंट्रल बोर्ड ऑफ डायरेक्ट टैक्स माने CBDT जब Assessment Year 2023-24 मतलब FY 2022-23 खातिर नया फॉर्म जारी कइलस तs एह फॉर्म्स में वर्चुअल डिजिटल एसेट जइसे कि क्रिप्टोकरेंसी खातिर अलग से सेक्शन रखल गइल बा।

दरअसल, VDA खातिर बनावल गइल एह नया शेड्यूल में रउआ ई बतावे के होई कि रउआ वर्चुअल डिजिटल एसेट कब किनले बानी आ कब बेचले बानी। जदि रउआ FY 2022-23 में VDA के किना-बेची से कमाई कइले बानीं तs ई सारा जानकारी रउआ ITR भरे से पहिले जमा करे के होई। रउआ के बता दीं कि VDA के इनकम टैक्स एक्ट के सेक्शन 2(47) में रखल गइल बा आ एमे क्रिप्टोकरेंसी, नॉन फंजिबल एसेट आ सरकार से नोटिफाई कइल गइल आउर वर्चुअल डिजिटल एसेट आवेला। सरकार पिछला साल के बजट में VDA पs टैक्स लगावे के ऐलान कइलस, जवना के देखत FY 2022-23 के फॉर्म में ई बदलाव कइल गइल बा। VDA खातिर ले आवल गइल नया शेड्यूल से सब जरूरी जानकारी रही। ओइसन लोग जेकर वर्चुअल डिजिटल एसेट से कमाई भइल होई ऊ ITR 1 आ ITR 4 के उपयोग न कs पाई।

आई जानल जाव कि कवाना फॉर्म्स में नइखे भइल बदलाव?

ITR-1 आ ITR-4 भरे वाला टैक्सपेयर्स खातिर कवनो बदलाव नइखे कइल गइल। रउआ के बता दीं कि ITR-1 में अइसन टैक्सपेयर्स आवेला लो जेकर सालाना कमाई 50 लाख रुपिया तक बा आ ओह लोग के सैलरी, एगो हाउस प्रॉपर्टी भा कवनो आउर माध्यम जइसे कि ब्याज से कमाई होला। ओहिजा ITR-4 में अइसन टैक्सपेयर्स के कवर कइल जाला बाकिर ओह लोग के इनकम टैक्स के सेक्शन 44AD, 44ADA भा 44AE के तहत बिजनेस भा प्रोफेशन से आय होला।

466820cookie-checkक्रिप्टोकरेंसी में करेनी इन्वेस्टमेंट? ITR फॉर्म में भइल एह बदलावन के चेक कs लीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.