[the_ad_group id="30365"]

बिहार के कुछ जिलन में बहाल भइल इंटरनेट सेवा, पटना में घूमके DGP देखले अग्निपथ पs बवाल के हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में लॉ एंड ऑर्डर के वर्तमान इस्थिति के देखत सोमार के पुलिस मुख्यालय में हाई लेवल मीटिंग भइल। एह मीटिंग के अगुवाई खुद DGP संजीव कुमार सिंघल कइलें. मीटिंग में सभे सीनियर पुलिस अधिकारियन के साथे-साथे बिहार के हर जिला के SSP/SP उपस्थित रहे लो। डीजीपी मीटिंग में हर एगो जिला के वर्तमान इस्थिति के रिपोर्ट लिहल गइल बा। सूत्रन के मानल जाव तs करीब 45 मिनट ले चलल एह रिव्यू मीटिंग में बिहार पुलिस के अधिकारियन के संगही CRPF के अधिकारियो शामिल रहे लो।

बिहार में भइल उपद्रव आ वर्तमान परिस्थितियन के चर्चा करत ADG मुख्यालय जितेंद्र सिंह गंगवार कहले कि हमनी के अभी तक के हालातन के रिव्यू कइले बानी सs। भारत बंद पs पुलिस मुख्यालय के विशेष नजर रहे। पुलिस के ओर से हर जगह लेअर पेट्रोलिंग कइल जाटत रहे। क्यूआरटी के टीम लगातार मूवमेंट पs रहे। संवेदनशील जगहन पs पैरा मिलिट्री फोर्स के कुल 15 कंपनियन के प्रतिनियुक्त कइल गइल रहे। एकरा आलावे BSAP के 35 बटालियन के मोर्चा पs तैनात कइल गइल बा। एकरा साथे-साथे एह सभन के पुलिस मुख्यालय के को-ऑर्डिनेट रहल।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]