विमान हादसा: नेपाली सेना दुर्घटनास्थल के पता लगवलस, ‘पहचान में नइखे आवत शव’

By Anurag Ranjan

Published on: May 30, 2022

नेपाल के सेना के विमानन कंपनी ‘तारा एअर’ के दुर्घटनाग्रस्त विमान के मलबा के मुस्तांग जिला में होखे के सुराग मिलल बा। सेना के एगो प्रवक्ता ई जानकारी देले। ब्रिगेडियर नारायण सिल्वाल कहले, ‘‘सैनिकन आ

Share

नेपाल के सेना के विमानन कंपनी ‘तारा एअर’ के दुर्घटनाग्रस्त विमान के मलबा के मुस्तांग जिला में होखे के सुराग मिलल बा। सेना के एगो प्रवक्ता ई जानकारी देले। ब्रिगेडियर नारायण सिल्वाल कहले, ‘‘सैनिकन आ बचावकर्मी दुर्घटनास्थल के पता लगा लेले बा लो। एकरा से जुड़ल विस्तृत जानकारी जल्दिये साझा कइल जाई।’’ ऊ ट्वीट कइले, ‘‘दुर्घटनास्थल मुस्तांग जिला के थसांग-2 के सनोसवेयर हs।’’

मस्टैंग के मुख्य जिला अधिकारी, नेत्र प्रसाद शर्मा एएनआई के बतवले कि हवाई आ जमीन दूनों रस्ता से खोज आ बचाव दल दुर्घटनास्थल कावर जात बा लो। नेपाल पुलिस निरीक्षक राज कुमार तमांग के नेतृत्व में एगो टीम हवाई मार्ग से दुर्घटनास्थल पर पहुंचल बिया। अधिकारी कहले “यात्रियन के कुछ शव पहचान से परे बा। पुलिस अवशेष इकट्ठा कs रहल बिया।”

‘तारा एअर’ के ‘ट्विन ओट्टर 9एन-एईटी’ विमान पोखरा से अतवार के सबेरे करीब 10 बजे उड़ान भरले रहे, बाकिर 15 मिनट बादे ओकर नियंत्रण टॉवर से संपर्क टूट गइल। विमान में चार भारतीय, दु जर्मन आ 13 नेपाली नागरिकन सहित कुल 22 लोग सवार रहे। ओह लो के बारे में अभी तक कवनो जानकारी नइखे मिल पाइल।

अधिकारियन के मोताबिक, खराब मौसम आ बादर छाइल रहला के कारण दुर्घटनाग्रस्त विमान के मलबा तक पहुंचे में बहुत मुश्किलन के सामना करे के पड़ल। कनाडा में बनल ई विमान पोखरा से मध्य नेपाल इस्थित मशहूर पर्यटक शहर जोमसोम कावर जात रहे।

विमानन कंपनी के ओर से जारी यात्रियन के सूची के अनुसार, विमान में मौजूद भारतीय लोग के पहचान अशोक कुमार त्रिपाठी, उनकर मेहरारू वैभवी बांडेकर त्रिपाठी आ लईका  धनुष त्रिपाठी आ ऋतिका त्रिपाठी के तौर पs भइल बा। ई परिवार महाराष्ट्र के ठाणे जिला के रहे आला हs।

गौर करे आला बात बा कि 2016 में ‘तारा एअर’ के एगो आउर विमान उड़ान भरला के बाद एही मार्ग पs दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे। हादसा में विमान में सवार सबे 23 लोगन के मौत हो गइल रहे। ओहिजा, मार्च 2018 में यूएस-बांग्ला एअर के विमान त्रिभुवन अंतरराष्ट्रीय हवाईअड्डे पs दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे, जेमे ओमे सवार 51 लोगन के जान चल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.