[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी के संदहा में 15 एकड़ में बनी अंतरप्रांतीय बस अड्डा, जमीन चिह्नित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वाराणसी : काशी से अयोध्या, गोरखपुर, कानपुर अवुरी लखनऊ के संगे अवुरी राज्य में अब बस सेवा आसान हो जाई। संदा में 15 एकड़ में अंतर प्रांतीय बस स्टैंड के निर्माण हो रहल बा। एकरा खातीर जिला प्रशासन के ओर से चिह्नित कइल गईल बा। विभाग के नाम पस जमीन के हस्तांतरण भईला के बाद बजट जारी होई। एकरा संगे अंतर प्रांतीय बस स्टैंड (आईएसबीटी) बनावे के काम शुरू कईल जाई। इ बस स्टैंड राज्य में मॉडल के रूप में बनावल जाई।

परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह कहले कि बस सेवा में सुधार खातीर लगातार प्रयास कईल जाता। 10 साल पुरान बस के जगह नया बस बनावल जाई। बस के टेंडर के संगे बाडी तैयार करे के काम भी चलता। उ जानकारी देले कि करीब 300 किलोमीटर के दूरी तक ई-बस चलावल जाई। इलेक्ट्रिक बस के चार्ज करे खातिर हर पेट्रोल पंप पs चार्जिंग प्वाइंट बनावल जाई। इहाँ बस के संगे ई-रिक्शा, दु पहिया अवुरी चार पहिया गाड़ी के चार्जिंग होई। एकरा खातीर पेट्रोलियम मंत्रालय से बातचीत भईल बा। फिटनेस के इंतजाम निजी हाथ में होई उ बतवले कि लखनऊ, आगरा अवुरी कानपुर के अलावे सभ जिला में फिटनेस के इंतजाम निजी हाथ में दिहल जाता। एकरा खातीर निविदा प्रक्रिया पूरा हो चुकल बा। स्क्रैप वर्कशॉप के लाइसेंस दिहल गइल बा। लाइसेंस प्रक्रिया निजी हाथ में होखे के चलते आम आदमी सहज हो जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]