[the_ad_group id="30365"]

शिक्षक प्रशिक्षण संस्थानन में शत प्रतिशत उपस्थिति के निरदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान|शिक्षक प्रशिक्षण संस्थान में प्रशिक्षकन के शत प्रतिशत उपस्थिति के निर्देश शोध आ प्रशिक्षण संस्थान के निदेशक सज्जन कुमार देले बाड़ें। सब शिक्षक प्रशिक्षण संस्थानन में अलग-अलग संचालित कोर्स बीएड, एमएड, डीएलएड में सब प्रशिक्षकन के पाठ्यक्रम सत्र के अंत तक जेमे प्रयोगात्मको पाठ्यक्रम सामिल बा। कम से कम उपस्थित 85 प्रतिशत अनिवार्य बा आ 85% उपस्थित ना होखला पs ओह लोगन के अगिला परीक्षा खातिर फॉर्म भरे ना दिहल जाई।

ऊ प्राचार्य से कहलें बाड़ें कि प्रशिक्षण संस्थान में सब परिस्थितियन में उपस्थिति नया समय सारणी के लागू करत 100% अनिवार्य रूप से कs दिहल गइल बा आ अनुपस्थित पावल गइला पs प्रशिक्षकन के खिलाफ कठोर डेग उठावे के निर्णय लिहल गइल बा। एहिसे एह संदर्भ में अनुपालन सुनिश्चित करे के बा। सब प्रशिक्षकन के गूगल फॉर्म में उपस्थित प्रतिवेदन तइयार कs के रोज 2:00 तक उपलब्ध करावे के कहल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]