[the_ad_group id="30365"]

बलि देला के चरचा, गोरखपुर में मासूम के कटल मिलल माथ, जे देखलस ओकर कांप उठल छाती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मौके पर जांच करती पुलिस।
मौके पs जांच करत पुलिस। – फोटो : अमर उजाला।

गोरखपुर जिला में एगो दिल दहला देवे आला घटना सोझा आइल बा। इहां सिकरीगंज इलाका के बुधनपार मार्ग पs सुक के दुपहरिया 1:30 बजे एगो नवजात बच्चा के कटल माथ मिलला से सनसनी फइल गइल।

बाकिर, मवका पस डे भा अगल-बगल से ओकर धड़ नइखे मिलल। एहि वजे से आशंका जतावल जा रहल बा कि माथा के कहीं से ले आके फेंकल गइल बा। ओने, गांव में चरचा बा कि बच्चा के बलि दिहल गइल बा। पुलिस जद्दू पट्टी के रहनिहार संतोष सिंह के तहरीर पs हत्या आ साक्ष्य छिपावे के धारा में केस दर्ज कs लेले बिया। फिलहाल, पुलिस बच्चा के शिनाख्त आ ओकर धड़ के खोज में लागल बिया।

जानकारी के मोताबिक, सिकरीगंज में दुपहरिया 1:30 बजे के करीब सबसे पहिले संतोष सिंह बच्चा के कटल माथ देखले। बगले में एगो पोल्ट्री फार्म बा, जहां चहल-पहल रहेला। माथ मिलते पुलिस के दिहल गइल आ फेर एसपी साउथ अरुण कुमार सिंह खुद मवका पs पहुंच गइले।
पुलिस गांव आलन के मदद से बच्चा के शिनाख्त करे के कोसिस कइलस, बाकिर केहु जानकारी ना दे सकल। एकरा बाद पुलिस घंटन अगल-बगल जाके ओकर धड़ के खोजे के प्रयास करत रहल। देखे में अइसन लागत रहे कि नवजात के हत्या पहिले कइल गइल होई, काहेकि कटल गरदन के खून सूखल रहे।

 

एसपी साउथ अरुण कुमार सिंह ने बतवले कि नवजात के कटल माथ मिलल बा। कोसिस कइल जा रहल बा कि ओकर पहचान हो जाव। धड़ नइखे मिलल। ए वजे से आशंका जतावल जा रहल बा कि कटल माथ के ले आके फेंकल गइल बा। पुलिस के टीम लागल बा। कटल माथ के पोस्टमार्टम खातिर भेजके केस दर्ज कs लिहल गइल बा। जल्दिये पुलिस घटना के पर्दाफाश करी।

साभार-अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]