[the_ad_group id="30365"]

Indegene IPO: इंफोसिस के को-फाउंडर एनएस राघवन समर्थित Indegene के आवे वाला बा IPO, 3200 करोड़ रुपिया जुटावे के बा योजना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Indegene IPO: इंफोसिस (Infosys) के को-फाउंडर एनएस राघवन आ प्राइवेट इक्विटी फर्म Carlyle समर्थित Indegene लिमिटेड शेयर बाजार (Stock Exchanges) में लिस्टिंग के तइयारी में बिया।

कंपनी आईपीओ (Intial Public Offering) ले आवे खातिर शेयर बाजार के रेग्युलेटर सेबी (SEBI) के लगे सुरुआती ड्रॉफ्ट पेपर दाखिल कs देले बिया। Indegene आईपीओ के माध्यम से बाजार से 3200 करोड़ रुपिया जुटावे के तइयारी में बिया।

2004 में टीसीएस (Tata Consultancy Services) के आईपीओ के अइला के बाद Indegene के आईपीओ टेक आईटी सर्विसेज सेक्टर के सबसे बड़ आईपीओ होई। तब टीसीएस बाजार से 4713 करोड़ रुपिया जुटवले रहे। Indegene हेल्थकेयर टेक फर्म हs जवना के फोकस ग्लोबल लाइफ साइंस इंडस्ट्री पs बा।

सेबी के लगे दाखिल कइल गइल ड्रॉफ्ट पेपर के मोताबिक आईपीओ में 950 करोड़ रुपीया के फ्रेश शेयर्स होई संगही मवजूदा निवेशकन द्वारा 3.63 करोड़ शेयर्स ऑफर फॉर सेल के जरिए बेचल जाई। मवजूदा निवेशक जवन आपन हिस्सेदारी आईपीओ में बेचे वाला बा ओमे Carlyle के कंपनी CA Dawn Investments सामिल बा। जवना के लगे कंपनी के 20 फीसदी हिस्सेदारी भा 460 लाख शेयर बा। आईपीओ में कंपनी 172 लाख शेयरन के बेचे जा रहले बिया।

आईपीओ के माध्यम से जुटावल जाये वाला रकम से कंपनी बकाया करजा के भुगतान करी। संगही कैपिटल एक्सपेंडिचर, पिछला अधिग्रहण के मद में भुगतान के संगे कंपनी के ग्रोथ पs खरचा करी।

बैंगलुरू बेस्ड Indegene वित्तीय परफॉर्मेंस के मोरचा पर बेहतर प्रदर्शन कइले बिया। ऑपरेशन से कंपनी के रेवेन्यू 2019-20 में 90.84 मिलियन डॉलर से बढ़के 2020-21 में 130.54 मिलियन डॉलर आ 2021-22 में 223.81 मिलियन डॉलर रहल बा। 2020 में कंपनी अमेरिका बेस्ड कंपनी CultHealth के अधिग्रहण कइले रहे। कोटक महिंद्रा बैंक, जेपी मॉर्गन आ नोमुरा आईपीओ के इंवेस्टमेंट बैंक हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]