Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इनफिनिक्स भारत में लॉन्च कइलस सबसे सस्ता गेमिंग फोन:इनफिनिक्स नोट 12i में मिली अल्ट्रा गेमिंग प्रोसेसर अउरी 10 लेयर कूलिंग सिस्टम!

इनफिनिक्स भारत में लॉन्च कइलस सबसे सस्ता गेमिंग फोन:इनफिनिक्स नोट 12i में मिली अल्ट्रा गेमिंग प्रोसेसर अउरी 10 लेयर कूलिंग सिस्टम!

2,234

इनफिनिक्स भारत में लॉन्च कइलस सबसे सस्ता गेमिंग फोन:इनफिनिक्स नोट 12i में मिली अल्ट्रा गेमिंग प्रोसेसर अउरी 10 लेयर कूलिंग सिस्टम!इनफिनिक्स (Infinix) आपन सस्ता गैमिंग फोन इनफिनिक्स नोट 12i भारत में लॉन्च कई देले बा । बजट कैटेगरी के एह फोन में मीडियाटेक हीलियो जी85 अल्ट्रा गेमिंग प्रोसेसर दिहल गइल बा। कंपनी के कहनाम बा कि ई एगो गैमिंग फोन हs आ एकरा में 10-लेयर कूलिंग सिस्टम दिहल गइल बा। तs आईं जानल जाए एह विशेष फोन के बारे में तनी अउरी विस्तार से…..

इनफिनिक्स नोट 12i प्राइस आ ओकर मार्केट में अवेलेबिलिटी


इनफिनिक्स नोट 12i 4GB रैम आ 64GB इंटरनल मेमोरी के संगे मार्केट में आइल बा। कंपनी  एकर दाम 12,999 रुपया रखले बीया , बाकिर ई गैमिंग फोन बायर्स लोग खातिर ऑफर प्राइस 9,999 रुपए में 20 फरवरी तक फ्लिपकार्ट पs अवेलेबल रही। एकरा अलावा इंट्रोडक्टरी ऑफर के तहत जियो यूजर खातिर 1000 रुपया के केशबैक दिहल जाई। फोन में फोर्स ब्लैक, मेटावर्स ब्लू और अपलाइन वाइट कलर ऑप्शन मिली। एहिजा हम आप सबके स्मार्टफोन के स्पेसिफिकेशन बता रहल बानी…

इनफिनिक्स नोट 12i के स्पेसिफिकेशन

  • ​​​​​​​डिस्प्ले : नयका इनफिनिक्स नोट 12i में 6.8 इंच के TFT-LCD डिस्प्ले मिलत बा । स्क्रीन फुलएचडी+ (720 × 1640 पिक्सल) रेजोल्यूशन ऑफर करत बीया । डिस्प्ले 60 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट के साथ आ रहल बा आ एकर  ब्राइटनेस के 1000 निट्स तक बढ़ावल जा सकत बा। स्मार्टफोन में सेल्फी सेंसर खातिर डिस्प्ले पs वॉटरड्रॉप नॉच दिहल गइल बा । एकर सुरक्षा खातिर कॉर्निंग गोरिल्ला ग्लास 3 मिल रहल बा ।
  • प्रोसेसर, OS, रैम आ स्टोरेज : नयका इनफिनिक्स नोट सीरीज फोन एंड्रॉयड 12 बेस्ड XOS 12 ऑपरेटिंग सिस्टम पs काम करेला , जवना के प्रोसेस करे खातिर  मीडियाटेक हीलियो G85 प्रोसेसर दिहल गइल बा । एकरा साथ ही साथ ग्राफिक्स खातिर माली G52 मिलत बा । स्मार्टफोन में 4 जीबी रैम दिहल गईल बा, जवना में स्टोरेज के इस्तेमाल कइके 3GB तक वर्चुअली बढ़ावल जा सकत बा। ओहिजे इंटरनल 64GB तक इंटरनल स्टोरेज दीहल गईल बा, जवना के माइक्रो SD कार्ड के मदद से 512GB तक बढ़ावल जा सकत बा।
  • कैमरा : नयका फोन नोट 12i के रियर पेनल पs ट्रिपल कैमरा सेटअप मिल रहल बा । एह में 50 मेगापिक्सल प्राइमरी, 2 मेगापिक्सल डेप्थ, एगो QVGA AI लेंस आ एलईडी फ्लैश दिहल गइल बा । उहे अगर जो फ्रंट कैमरा के बात कईल जाए तs फ्रंट में 8 मेगापिक्सल के कैमरा दिहल गइल बा।
  • बैटरी : एह फोन में कंपनी ने 5000mAh के बैटरी दे रहल बिया , जवना के चार्ज करे खातिर 33W के फास्ट चार्जर दिहल गईल बा। चार्जिंग आऊर डेटा ट्रांसफर खातिर एह में टाइप-सी पोर्ट दिहल गइल बा । सिक्यॉरिटी खातिर फोन में फिंगरप्रिंट स्कैनर दिहल गइल बा। स्मार्टफोन DTS ऑडियो सपोर्ट के संगे स्टीरियो स्पीकर सेटअप मिलत बा।
  • कनेक्टिविटी फीचर्स : हैंडसेट के वैट 188 ग्राम आ डाइमेंशन 164.43 × 76.6 × 8.03 मिलीमीटर बा। डिवाइस में ड्यूल-सिम सपोर्ट दिहल गइल बा। कनेक्टिविटी खातिर फोन में 4G, वाई-फाई, ब्लूटूथ 5.0 आ जीपीएस जइसन बहुते फीचर्स दिहल गइल बा।
449650cookie-checkइनफिनिक्स भारत में लॉन्च कइलस सबसे सस्ता गेमिंग फोन:इनफिनिक्स नोट 12i में मिली अल्ट्रा गेमिंग प्रोसेसर अउरी 10 लेयर कूलिंग सिस्टम!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.