[the_ad_group id="30365"]

1 जनवरी से बदल जाई नियम, एs शहर में भीख देवे वालन पs भी होई एक्शन; दर्ज होई FIR

एs शहर में भीख देवे वालन पs भी होई एक्शन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंदौर के भिखारी मुक्त शहर बनावे के अभियान चलावल जा रहल बा। फरवरी से शुरू भईल एs अभियान के पहिला चरण में भिखारी अवुरी उनुका परिवार के अगस्त ले भीख ना मांगे के बात बतावल गईल। सितंबर से दिसंबर ले भिखारी के रेस्क्यू कइल जा रहल बा।

भिखारी मुक्त शहर बनावे के अभियान

नयका साल से इंदौर में भीख मांगे वाला आ देबे वालन के खिलाफ दंडात्मक कार्रवाई शुरू हो जाई. स्वच्छ शहर इंदौर के भिखारी मुक्त शहर बनावे के जारी अभियान में तीसरा चरण के शुरुआत एक जनवरी से कईल जाई। एहमें भीख मांगे के प्रोत्साहन देबे वालन के खिलाफ कार्रवाई शुरू कइल जाई. कलेक्टर आशीष सिंह भिक्षा देवे वालन के खिलाफ दंडात्मक कार्रवाई के आदेश जारी कs चुकल बाड़े।

34 बच्चा भिखारी के रेस्क्यू कs लिहल गईल
तीन चरण में शुरू भईल एs अभियान के दूसरा चरण के रेस्क्यू कइल जाता। अबहीं ले तीन सौ से अधिका बुजुर्ग आ बड़ लोग के बचा के उज्जैन के सेवाधाम आश्रम भेज दिहल गइल बा. एकरा संगे 34 बच्चा भिखारी के भी बचावल गईल बा। कलेक्टर अब तीसरा चरण के अभियान शुरू करे के निर्देश दे देले बाड़े।

ध्यान देवे वाला बात बा कि केंद्रीय सामाजिक न्याय अवुरी सशक्तिकरण मंत्रालय देश के दस शहर के भिखारी मुक्त बनावे के पायलट प्रोजेक्ट शुरू कईले बा, एकरा में इंदौर के भी शामिल कईल गईल बा। इंदौर के भिखारी मुक्त बनावे खातिर सात विभाग से जुड़ल टीम बनावल गइल बा. शहर में लगातार एs लोग के ओर से कार्रवाई कईल जाता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पातर कमर खातीर करीं इs योगासन के अभ्यास, मिली हीरोइन जइसन Slim waist

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]