[the_ad_group id="30365"]

मुंबई से गुवाहाटी जा रहल पैसेंजर बांग्लादेश में फंसल लो: कोहरा से फ्लाइट ढाका डायवर्ट भइल; 178 पैसेंजर 12 घंटा विमाने में बइठल रहल लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई से गुवाहाटी जाये वाली इंडिगो फ्लाइट के सनीचर (13 जनवरी) के बांग्लादेश के ढाका में लैंडिंग करावल गइल। गुवाहाटी में घना कोहरे के कारण फ्लाइट लैंड ना हो सकल आ ओकरा के डायवर्ट कइल गइल।

एह फ्लाइट में 178 पैसेंजर्स सवार रहे लो। चूंकि डोमेस्टिक फ्लाइट होखला के कारण सब यात्री बिना पासपोर्ट के सफर करत रहे लो, एहिसे ढाका में ओह लोगन के फ्लाइट से उतरे के इजाजत ना मिलल। एह कारण यात्रियन के कइयन घंटा फ्लाइट के अंदर रहे के पड़ल।

न्यूज एजेंसी PTI के मोताबिक, मुंबई से गुवाहाटी जा रहल इंडिगो के फ्लाइट 6E 5319 सुक के रात 8:20 बजे उड़ान भरे वाली रहे। एकरा रात 11:10 बजे गुवाहाटी पहुंचे के रहे। हालांकि मुंबई से ई फ्लाइट 11:12 बजे चलल।

सनीचर के सबेरे 3:26 बजे तक एकरा गुवाहाटी पहुंचे के रहे। बाकिर कोहरा के कारण एकरा के डायवर्ट करे के पड़ल। इंडिगो बतवलस कि देरी होखला के कारण फ्लाइट में यात्रियन के रिफ्रेशमेंट दिहल गइल रहे।

फ्लाइट में बइठल कांग्रेस नेता बोललें- 12 घंटा में यूरोप पहुंच जइती 

एह फ्लाइट में कांग्रेस नेता सूरज सिंह ठाकुर सफर करत रहलें। ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs घटना के जानकारी देलें। ऊ सनीचर के सबेरे 6:56 बजे बतवलें कि हम पिछला नौ घंटा से विमान में फंसल बानी।

हम मणिपुर में राहुल गांधी के भारत जोड़ो न्याय यात्रा खातिर निकलल रहनी। देखत बानी हम कब ले गुवाहाटी पहुंचेम। उहां से फेर इंफाल खातिर फ्लाइट लेम।

फेर सबेरे 11:48 बजे ऊ बतवलें कि करीब 12 घंटा के फ्लाइट के बाद हम यूरोप पहुंच जइती। हालांकि, हम गुवाहाटी पहुंचके खुश बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]