[the_ad_group id="30365"]

IndiGo: चेन्नई-मुंबई इंडिगो फ्लाइट में बम के धमकी, विमान के जांच जारी, लैंडिंग के बाद सुरक्षित उतारल गइले यात्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

 

 

चेन्नई से मुंबई जाए वाली इंडिगो फ्लाइट के लेके एगो बड़ जानकारी सामने आईल।  शनिचर के सबेरे मुंबई जाए वाली इंडिगो फ्लाइट पs बम से ड़ावे के धमकी मिलल. फ्लाइट 6ई 5314 चेन्नई से सबेरे करीब 7 बजे उड़ान भरल। सबेरे करीब 9:45 बजे मुंबई हवाई अड्डा पs उतरल। हवाई अड्डा के अधिकारी तुरंत कार्रवाई में उतर गईले। सगरी यात्रियन के सुरक्षित विमान से उतार दिहल गइल. फिलहाल पूरा विमान के तलाशी लिहल जाता।

विमान के एगो सुनसान जगह पs ले जाइल गईल

इंडिगो एगो बयान जारी कs कहलस कि, चेन्नई से मुंबई जाए वाली इंडिगो के फ्लाइट 6E 5314 के बम के धमकी मिलल बा।  मुंबई में उतरला पs चालक दल प्रोटोकॉल के पालन कइलस. सुरक्षा एजेंसी के निर्देश पs विमान के सुनसान जगह पs ले जाइल गईल। विमान से सभे यात्री सकुशल उतर गईल बाड़े। फिलहाल विमान के खोज जारी बा। सगरी सुरक्षा जाँच पूरा भइला के बाद विमान के फेर से टर्मिनल एरिया में ले आवल जाई.

कुछ दिन में तीसरका खतरा

बता दीं कि हाल के समय में कवनो उड़ान खातिर ई तीसरा खतरा बा. एकरा से पहिले दिल्ली से बनारस जाए वाली फ्लाइट के भी अयीसने खतरा आईल रहे।  दिल्ली से श्रीनगर जाए वाली फ्लाइट में भी अइसने एगो मामला सामने आइल।अब शनिचर के दिने चेन्नई से मुंबई जाए वाली फ्लाइट में एह तरह के नोट मिलल.  सुरक्षा एजेंसी मामला के जांच शुरू कs देले बिया।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]