[the_ad_group id="30365"]

Cadet World Championships: भारतीय जूडो खिलाड़ी लिंथोई चनंबम रचली इतिहास, भारत के पहिला स्वर्ण दिलवली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के जूडो खिलाड़ी लिंथोई चनंबम कैडेट विश्व चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक जीतले बाड़ी। ई पदक जीतला के संगही ऊ इतिहास रच देले बाड़ी। लिंथोई कवनो भारवर्ग भा उमिर के पहिला भारतीय खेलाड़ी बाड़ी, जे एह प्रतियोगिता में स्वर्ण पदक अपना नामे कइलस। ऊ सराजेवो में चल रहल प्रतियोगिता में महिला लोगन के 57 किलोग्राम भारवर्ग में ब्राजील के बिनाका रेईस के हराके स्वर्ण पदक अपना नामे कइली। ऊ ई मुकाबला 1-0 के अंतर से अपना नामें कइली। एकरा पहिले ऊ एशिया चैंपिनयशिपो जीतले रहली।

लिंथोई की जीत पs भारतीय खेल प्राधिकरण ट्वीट कइलस “लिंथोई भारत खातिर कैडेट विश्व चैंपियनशिप 2022 में पहिला पदक जीतली। ब्राजील के बिनाका रेईस के 1-0 से हरावली। ऊ कवनो उमिर वर्ग में पहिला पदक जीतके इतिहास रचले बाड़ी।” एकरा पहिले कवनो स्तर पs भारतीय खिलाड़ी एह प्रतियोगिता में पदक ना जीत सकल रहे लो।

लिंथोई टारगेट पोडियम स्कीम के हिस्सा बाड़ी। ई स्कीम देश के खिलाड़ियन के बेहतर बनावे खातिर चलावल गइल बा, जेकरा तहत चुनिंदा खिलाड़ियन के विशेष सुविधा दिहल जाई। एह स्कीम के उद्देश्य ई बा कि देश के ज्यादा से ज्यादा खिलाड़ी पदक जीते लो आ पोडियम में खड़ा होके प्रतियोगिता के अंत करे। भारतीय खेल प्राधिकरण अपना दूसरा ट्वीट में बतवलस कि लिंथोई टारगेट पोडियम स्कीम के हिस्सा बा।

उभरत खिलाड़ी बाड़ी लिंथोई

लिंथोई जूडो में देश के उभरत खिलाड़ी बाड़ी। ऊ 2018 में सब जूनियर राष्ट्रीय चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक जीतले रहस। नवंबर 2021 में ऊ चंडीगढ़ में राष्ट्रीय चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक जीतले रहस। एकरा बाद जुलाई 2022 में ऊ एशियन कैडेट जूनियर जूडो चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक जीतले रहस। ऊ 2018 में सब जूनियर राष्ट्रीय चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक जीतके आपन प्रतिभा के प्रदर्शन कइले रहली। एकरा बाद बैंकॉक में एशियन कैडेट आ जूनियर जूडो चैंपियनशिप में स्वर्ण जीतली। अब सभे के उनका कावर से बेहतर प्रदर्शन के उम्मीद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]