[the_ad_group id="30365"]

Canada: कनाडा में भारतीय नागरिक के चाकू मारके हत्या, एगो संदिग्ध गिरफ्तार; जांच में जुटल पुलिस

High Court : जस्टिस यशवंत वर्मा लेलें न्यायाधीश पद के शपथ, मुख्य न्यायाधीश दिलवलें ई शपथ, HCBA जतवलस आपत्ति
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क: भारतीय उच्चायोग सनीचर के बतवलस कि कनाडा के रॉकलैंड में एगो भारतीय नागरिक के चाकू मारके हत्या कs दिहल गइल बा। उच्चायोग बतवलस कि एह ममिला में स्थानीय पुलिस एगो संदिग्ध के गिरफ्तार कs लेके बिया आ ममिला के जांच चल रहल बा।

भारतीय उच्चायोग एक्स पs लिखलस कि हमनी के रॉकलैंड, ओटावा के लगे, चाकू मारे के घटना में एगो भारतीय नागरिक के दुखद मृत्यु से अनघा दुखी बानी सs। पुलिस बतवलस कि एगो संदिग्ध के हिरासत में लिहल गइल बा। हमनी के स्थानीय समुदाय संघ के माध्यम से शोक संतप्त परिजनन के हरसंभव सहायता प्रदान करे खातिर संपर्क में बानी सs।

कनाडा के मीडिया के अनुसार क्लेरेन्स-रॉकलैंड में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल।।जबकि दूसरका व्यक्ति के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। अधिकारी मौत के कारण के खुलासा नइखे कइले लो। पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया।

Read Also: 05 अप्रिल 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]