Indian Army: चीन आ पाकिस्तान दुनु सीमा पऽ आर्मी मजबूत आ पूरा तरे तइयार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 7, 2024

भारतीय सेना के डिप्टी चीफ ऑफ स्टाफ लेफ्टिनेंट जनरल एनएस राजा सुब्रमनी कहले बाड़न कि भारतीय सेना मजबूत बा आ पाकिस्तान आ चीन दुनु सीमा पर कवनो चुनौती से निपटे खातिर तइयार बिया। शनिचर के

Share

Indian army

भारतीय सेना के डिप्टी चीफ ऑफ स्टाफ लेफ्टिनेंट जनरल एनएस राजा सुब्रमनी कहले बाड़न कि भारतीय सेना मजबूत बा आ पाकिस्तान आ चीन दुनु सीमा पर कवनो चुनौती से निपटे खातिर तइयार बिया। शनिचर के दिने चेन्नई के अफसर ट्रेनिंग अकादमी (ओटीए) में भइल पासिंग आउट परेड में सेना उपाध्यक्ष शामिल भइले। ए दौरान उ मीडिया से बात करत इ बात कहले।

सेना के 297 अफसर मिलले

सेना के उप-प्रमुख लेफ्टिनेंट जनरल एनएस राजा सुब्रमनी कहले कि ‘भारतीय सेना हमेशा नया चुनौती खातिर तैयार रहेला।’ हमनी के पाकिस्तान आ चीन के दुनो सीमा पs मजबूत बानी आ कवनो चुनौती के सामना करे खातिर तइयार बानी। चेन्नई के ओटीए के परमेश्वरन ड्रिल स्क्वायर में मिलिट्री परेड के बाद सेना के 297 अफसर मिलल। एमें शॉर्ट सर्विस कमीशन के 118वां बैच के पुरुष अधिकारी आ 18वां बैच के महिला अधिकारी शामिल बाड़ी। मित्रवत देश के दस कैडेट अधिकारी आ पांच कैडेट अधिकारी (महिला) पासिंग आउट परेड में आपन प्रशिक्षण सफलतापूर्वक पूरा कइली।

अपना संबोधन में सेना के वाइस चीफ कैडेट अधिकारी आ ओटीए जवानन के अनुकरणीय उपलब्धि के सराहना कइलन। उऽ कहले कि, ‘रउरा जल्दीए दुनिया के कुछ बेहतरीन सिपाही के कमान संभाले के सौभाग्य मिल सकऽता।’ ई सिपाही राउर सबसे कीमती संपत्ति हउवें। अब रउरा पs ओह लोग के जिनिगी आ भलाई के जिम्मेदारी सौंपल गइल बा। एहसे युद्ध खातिर तइयार आ आपन कमान कुशल, अनुशासित आ धैर्यवान बनाईं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.