[the_ad_group id="30365"]

IND W vs PAK W: भारत पाकिस्तान के सात विकेट से हरवलस, जेमिमा चौका के संगे दिलवल जीत, बनवली अर्धशतक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय महिला क्रिकेट टीम ICC W T20 विश्व कप के अपना पहिला मुकाबला में चिर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के 7 विकेट से हरा देलस। जीत खातिर भारत के सोझा 150 रन के लक्ष्य रहे, जवना के भारतीय महिला टीम 19 ओवर में तीन विकेट के नुकसान पs हासिल कs लेलस। भारत के जीत में जेमिमा रॉड्रिग्स के सानदार नाबाद अर्धशतक आ रीचा घोष के नाबाद 31 नाबाद रन के खासा योगदान रहल। भारत एह जीत के संगे टी-20 विश्व कप में विजयी सुरआत कइले बा।

भारत पाकिस्तान के सात विकेट से हरवलस 

टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत पाकिस्तान 20 ओवर में चार विकेट गंवाके 149 रन बनवले रहे। ई टी20 में पाकिस्तान के भारत के खिलाफ सबसे बड़ स्कोर रहे। बिस्माह मारूफ 55 गेना में नाबाद 68 रन आ आयशा नसीम 25 गेना में नाबाद 43 रन के पारी खेलली।

जवाब में भारत 19वां ओवर में तीन विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लेलस। आखिरी तीन ओवर में भारत के जीत खातिर 28 रन के जरूरत रहे। हालांकि, ऋचा आ जेमिमा के मन में कुछ आउरे रहे। 18वां ओवर में ऋचा लगातार तीन चौका जड़के पहिला मैच के रुख बदलली।

एकरा बाद 19वां ओवर में जेमिमा तीन चौका जड़के टीम इंडिया के जीत दिलवली। 19वां ओवर के आखिरी गेना पs जेमिमा के अर्धशतक खातिर एक रन के जरूरत रहे। ऊ चौका लगाके आपन अर्धशतक पूरा कइली आ एकरा संगही टीम इंडिया के जीत दिलवली। ई जेमिमा के टी20 करियर के 10वां अर्धशतक रहल।

जेमिमा 38 गेना में 53 रन आ ऋचा 20 गेना में 31 रन बनाके नाबाद रहल लोग। जेमिमा अपना पारी में सात चौका लगवली, जबकि ऋचा अपना पारी में पांच चौका लगवली दुनों के बीच चौथा विकेट खातिर नाबाद 58 रन के साझेदारी भइल।

जेमिमा के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल। भारतीय टीम अब अगिला मैच 15 फरवरी के वेस्टइंडीज के खिलाफ खेली। ग्रुप-बी में एह जीत के संगे टीम इंडिया दु अंकन के संगे दूसरका स्थान पs पहुंच गइल बिया। इंग्लैंड के टीम दु अंक आ बेहतर रन रेट के संगे शीर्ष पs बिया। ओहिजा, पाकिस्तान चौथा स्थान पs बा। पाकिस्तान के टीम 15 फरवरी के आयरलैंड से भिड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]