[the_ad_group id="30365"]

Paris Olympics: भारत के एतना खिलाड़ी पेरिस ओलंपिक में लिही लो हिस्सा, आईओए जारी कइलस सूची, आभा खटुआ के नइखे नाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय ओलंपिक संघ (आईओए) एह महीना के अंत में होखे वाला पेरिस ओलंपिक खातिर भारतीय एथलीटन के सूची जारी कs देले बा। पेरिस खेलन में भारत के 117 एथलीट हिस्सा लिही लो, जबकि 140 सहायक स्टाफ ओलंपिक खातिर जाई लो। हालांकि, गोला फेंक एथलीट आभा खुटाआ का नाम एमे सामिल मिल नइखे। केंद्रीय खेल मंत्रालय एकर स्वीकृति देले बा।

एथलेटिक्स में सबसे जादे खिलाड़ी

खटुआ विश्व रैंकिंग के आधार पs ओलंपिक कोटा हासिल कइले रहली, बाकिर उनकर नाम बिना कवनो स्पष्टीकरण के सामिल नइखे कइल गइल। पेरिस ओलंपिक में एथलेटिक्स में भारत आपन सबसे बड़ दल भेजी। 29 भारतीय एथलीट एह खेलन में पदक खातिर चुनौती पेश करी लो। जेमे 11 महिला आ 18 पुरुष सामिल बा लो। एकरा अलावे निशानेबाजी में 21 आ हॉकी के 19 खिलाड़ी एह खेलन में हिस्सा ली लो। टेबल टेनिस में आठ खिलाड़ी प्रतिनिधित्व करी लो, जबकि बैडमिंटन में सात खिलाड़ी होई लो। जेमे दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता पीवी सिंधू सामिल बाड़ी।

एकरा अलावे कुश्ती के छव, तीरंदाजी के छव आ मुक्केबाजी के छव गो खिलाड़ी एह खेलन में हिस्सा ली लो। ओहिजा, गोल्फ से चार, टेनिस के तीन, तैराकी से दु, सेलिंग के दुगो आ घुड़सवारी, जूडो, रोइंग आउर भारोत्तोलन से एक-एक खिलाड़ी एह खेलों में जाई लो। टोक्यो ओलंपिक में भारत 119 सदस्यन के दल भेजले रहे आ टीम एगो स्वर्ण सहित सात पदक जीतले रहे लो, जवन ओलंपिक में भारत के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]