Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत-वेस्टइंडीज पहिला वनडे आज: विंडीज के लगातार 13वां ODI सीरीज में हरावे के बा मवका; जानीं पाॅसिबल प्लेइंग इलेवन

दुनो टीमन के बीच कुल 139 वनडे मुकाबला खेलल गइल बा। एमे से भारत 70 मैच जीतले बा आ वेस्टइंडीज 63 मैच अपना नावे कइले बा। 4 मुकाबले बेनतीजा रहल, जबकि दु मैच टाई रहल।

1,292

दु मैचन के टेस्ट सीरीज के बाद भारत आ वेस्टइंडीज के बीच 3 वनडे मैचन के सीरीज के पहिला मुकाबला आज खेलल जाई। मुकाबला बारबाडोस के केंसिंग्टन ओवल में भारतीय टाइमिंग के मोताबिक सांझ 7 बजे सुरू होई।

भारतीय टीम के लगे लगातार 13वां बेर वेस्टइंडीज के खिलाफ वनडे सीरीज जीते के मवका होई। आखिरी बेर वेस्टइंडीज के टीम 2006 में भारत के खिलाफ वनडे सीरीज जीत सकल रहे। एह सीरीज के बाद टीम 6 बेर अपना घर आ 6 बेर भारत में भारत के खिलाफ वनडे सीरीज गंववले बिया।

हेड-टु-हेड में भारत आगे

दुनो टीमन के ओवरऑल वनडे क्रिकेट रिकॉर्ड देखीं तs भारत हावी बा। दुनो टीमन के बीच कुल 139 वनडे मुकाबला खेलल गइल बा। एमे से भारत 70 मैच जीतले बा आ वेस्टइंडीज 63 मैच अपना नावे कइले बा। 4 मुकाबले बेनतीजा रहल, जबकि दु मैच टाई रहल।

भारत आ वेस्टइंडीज के बीच आखिरी वनडे मुकाबला 17 जुलाई 2022 के पोर्ट ऑफ स्पेन में खेलल गइल रहे। एकरा के भारत 103 रन से जीतले रहे। वेस्टइंडीज में दुनो टीमन के बीच कुल 42 वनडे खेले गइल। एमे से भारत 19 आ विंडीज 20 मैच जीतलस, जबकि 3 मुकाबला बेनतीजा रहल।

शुभमन गिल एह साल भारत के टॉप स्कोरर

साल 2023 में वनडे क्रिकेट में भारत खातिर शुभमन गिल टॉप स्कोरर रहल बाड़ें। गिल 9 मैच में 3 शतक लगवलें आ 624 रन बनवलें। उनका बाद विराट कोहली के नंबर आवेला। ऊ 2023 में 427 रन बनवले बाड़ें।

टी-20 क्रिकेट के स्टार सूर्यकुमार यादव वनडे में कमाल नइखन दिखा सकल। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 3 मैच में ऊ लगातार तीन बेर 0 पs आउट भइलें, एकरा बावजूद उनका के वनडे टीम में चुनल गइल। अइसन में उनका लगे खुद के नंबर 4 पs साबित करे के सानदार मवका बा।

विकेटकीपिंग में केएल राहुल आ ऋषभ पंत के गैरमवजूदगी में संजू सैमसन के मवका मिल सकत बा। एह रोल खातिर ईशान किशन दोसर दावेदार बाड़ें।

शाई होप पs वेस्टइंडीज के जिम्मेदारी

निकोलस पूरन के बाद वेस्टइंडीज शाई होप के वनडे टीम के कमान देले बा। शाई होप के कप्तानी में टीम वनडे वर्ल्ड कप क्वालिफायर में हारके पहिला बेर वर्ल्ड कप खातिर क्वालिफाई ना कs सकल। हालांकि, भारत के खिलाफ सीरीज टीम खातिर इंटरनेशनल वनडे क्रिकेट में वापसी करे के सानदार मवका हो सकत बा।

साल 2023 में वेस्टइंडीज से ब्रैंडन किंग वनडे में सानदार प्रदर्शन कइलें। ऊ 11 मैच में 538 रन बनवलें बाड़ें, किंग 2 शतक लगवलें। गेंदबाजी में अलजारी जोसेफ एह साल सबसे जादे 14 विकेट लेले बाड़ें। वनडे टीम में शिमरोन हेटमायर के वापसी हो रहल बा। उनको पs नजर रही।

बरखा के 25% आशंका

बारबाडोस में दूपहरिया के दौरान बरखा के 25% आशंका बा। हालांकि जादेतर समय धूप खिलल रहला के अनुमान बा। तापमान 30 से 32 डिग्री सेल्सियस तक हो सकत बा।

पिच रिपोर्ट

बारबाडोस के केंसिंग्टन ओवल मैदान पs पहिला पारी में औसत 216 रन बनेला। टॉस के जादे फर्क ना पड़ेला। इहा भइल 45 मैचन में पहिले बैटिंग करे वाली टीम 19 मुकाबला जीतले बिया। ओहिजा, बाद में बैटिंग करे वाली टीम 25 मैचन में जीत हासिल कइले बिया। जबकि एगो मैच बेनतीजा रहल।

दुनो टीमन के पॉसिबल प्लेइंग इलेवन…

भारत- रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, संजू सैमसन (विकेटकीपर), हार्दिक पंड्या, रवींद्र जडेजा, शार्दूल ठाकुर, मोहम्मद सिराज, युजवेंद्र चहल/ कुलदीप यादव आ उमरान मलिक।

वेस्टइंडीज- ब्रैंडन किंग, काइल मेयर्स, शाई होप (कप्तान), शिमरोन हेटमायर, केसी कार्टी, एलीक एथनााज, रोवमन पॉवेल, रोमारियो शेफर्ड/डोमिनिक ड्रेक्स, अल्जारी जोसेफ, ओशेन थॉमस आ यानिक कारिया।

610210cookie-checkभारत-वेस्टइंडीज पहिला वनडे आज: विंडीज के लगातार 13वां ODI सीरीज में हरावे के बा मवका; जानीं पाॅसिबल प्लेइंग इलेवन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.