IND vs SA 3rd ODI: भारत 2-1 से जीत गइल सीरीज, तीसरका वनडे मैच अफ्रीका के 78 रन से हरवलस

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 22, 2023

  India vs South Africa 3rd ODI : तिसरका वनडे में भारतीय टीम दक्षिण अफ्रीका के 78 रन से हरा दिहलस। भारत खातिर गेंदबाज आ बल्लेबाज गजब के प्रदर्शन कइलन। एह मैच में दक्षिण अफ्रीका

Share

 

India vs South Africa 3rd ODI : तिसरका वनडे में भारतीय टीम दक्षिण अफ्रीका के 78 रन से हरा दिहलस। भारत खातिर गेंदबाज आ बल्लेबाज गजब के प्रदर्शन कइलन। एह मैच में दक्षिण अफ्रीका के कप्तान एडेन मार्करम टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलन जवन गलत साबित भइल। भारत खातिर संजू सैमसन आ तिलक वर्मा बढ़िया बल्लेबाजी कइले। एही बल्लेबाजन के चलते टीम इंडिया 296 रन के बड़हन स्कोर बनावे में सफल रहल। दक्षिण अफ्रीका के पूरा टीम 218 रन बना के ऑल आउट हो गइल। एह मैच के साथे भारत एह सीरीज के जीत लिहले बा।

भारत जीत गइल मैच

भारतीय टीम तीसरा वनडे में दक्षिण अफ्रीका के 78 रन से हरा दिहलस। एह मैच में पहिला बल्लेबाजी करत भारतीय टीम 296 रन बनवलस। जवना के जवाब में अफ्रीकी टीम 218 रन बना के ऑल आउट हो गइल। एह तरह से भारत मैच जीत लिहलस। एह मैच के साथे टीम इंडिया भी 2-1 से सीरीज जीते में सफल रहल बिया।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.