IND vs PAK: भारत-पाक के बीच आज खेलल जाई वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स के फाइनल, जानीं कब-कहां देखल जा सकी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 13, 2024

वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स 2024 के फाइनल आज 13 जुलाई के भारत आ पाकिस्तान के बीच बर्मिंघम में खेलल जाई। पाकिस्तान के टीम पहिला सेमीफाइनल में वेस्टइंडीज के हराकर फाइनल में पहुंचल बिया तs भारतीय

Share

वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स 2024 के फाइनल आज 13 जुलाई के भारत आ पाकिस्तान के बीच बर्मिंघम में खेलल जाई। पाकिस्तान के टीम पहिला सेमीफाइनल में वेस्टइंडीज के हराकर फाइनल में पहुंचल बिया तs भारतीय टीम दूसरका सेमीफाइनल में ऑस्ट्रेलिया के धूल चटाके फाइनल में जगह बनवले बिया। एह टूर्नामेंट में भारत आ पाकिस्तान के ई दूसरका मुकाबला होई। एकरा पहिले पाकिस्‍तान भारत के खिलाफ 68 रन से जीत दर्ज कइले रहे। अइसन में आज भारतीय टीम हिसाब चुकता करे के इरादा से उतरी। आईं रउआ के बतावत बानी कि रउआ एह रोमांचक मैच के लाइव कब आ कहां देखे सकत बानी?

भारत सेमीफाइनल में ऑस्‍ट्रेलिया के 86 रन से चटवलस धूल

भारत एक दिन पहिलही सुक के रात सेमीफाइनल में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 254 रन के विशाल स्कोर खड़ा कs के जीत हासिल कइले बिया। युवराज सिंह के बदौलत भारत एतना बड़ स्‍कोर कs सकल। जे 28 गेना पs 59 रन के तूफानी पारी खेलले। युवराज सिंह के संगही एह मैच में रॉबिन उथप्पा आ पठान ब्रदर्स अर्धशतक जमावल लो। ओहिजा, ऑस्‍ट्रेलिया सात विकेट पs 168 रन बना सकल। एह तरे भारत 86 रन से बड़ जीत दर्ज करत फाइनल में जगह बनवलस।

भारत बनाम पाकिस्तान के बीच वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स 2024 के फाइनल मुकाबला कब आ कहां खेलल जाई?

भारत बनाम पाकिस्तान के बीच वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स 2024 के फाइनल मुकाबला आज सनीचर 13 जुलाई के भारतीय समय के मोताबिक रात नव बजे से बर्मिंघम में खेलल जाई।

भारत बनाम पाकिस्तान के बीच वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स 2024 के फाइनल मुकाबला कहां लाइव देख सकत बानी?

भारत बनाम पाकिस्तान के बीच वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स 2024 के फाइनल मुकाबले के टीवी पs लाइव प्रसारण रउआ स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क के अलग-अलग चैनल्‍स पs देख सकत बानी। ओहिजा, एह मैच के लाइव स्‍ट्रीमिंग रउआ फैनकोड ऐप पs देख सकेम।

भारत चैंपियंस टीम स्‍क्‍वॉड

रॉबिन उथप्पा (विकेट कीपर), अंबाती रायडू, सुरेश रैना, युवराज सिंह (कप्तान), यूसुफ पठान, इरफान पठान, गुरकीरत सिंह मान, पवन नेगी, विनय कुमार, हरभजन सिंह, धवल कुलकर्णी, राहुल शुक्ला, आरपी सिंह, नमन ओझा, सौरभ तिवारी, अनुरीत सिंह आ राहुल शर्मा।

पाकिस्तान चैंपियंस टीम स्‍क्‍वॉड

कामरान अकमल (विकेट कीपर), शरजील खान, सोहैब मकसूद, शोएब मलिक, यूनिस खान (कप्तान), शाहिद अफरीदी, मिस्बाह-उल-हक, आमिर यामीन, सोहेल तनवीर, वहाब रियाज, सोहेल खान, अब्दुल रज्जाक, तौफीक उमर, मोहम्मद हफीज, यासिर अराफात, सईद अजमल, उमर अकमल आ तनवीर अहमद।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.