Jamshedpur: भारत-सैफ अंडर-18 महिला चैंपियनशिप के अपना अंतिम मैच में आज सुक के बांग्लादेश से भिड़ी। एह मैच से विजेता के फसीला होई। जमशेदपुर में खेलल जा रहल एह टूर्नामेंट में भारत अभी ले तीनों मैच में जीत दरज कइले बा। ऊ नेपाल के दु गो आ बांग्लादेश के एगो मैच में हरवले बा। भारत अभी ले 13 गोल कइले बा आ खाली एगो गोल खइले बा। अब भारत के खिताब जीते ला खाली ड्रा के जरूरत बा।









