[the_ad_group id="30365"]

IND vs SL: हार्दिक ना, सूर्यकुमार होइहें श्रीलंका दौरा पs टी20 के कप्तान, जानीं कवन खिलाड़ियन के मिली मवका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ श्रीलंका के बीच 27 जुलाई से सुरू होखे वाली तीन मैचन के टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीम के बियफे के घोषणा हो गइल। सूर्यकुमार यादव के एह टीम के कप्तान बनावल गइल बा। ओहिजा, रोहित शर्मा वनडे टीम के कप्तानी संभारत नजर आई। विराट कोहली एह दौरा पs वनडे सीरीज के हिस्सा होई। एह दौरा पs दुनो सीरीज के लिए शुभमन गिल के उप-कप्तान बनावल गइल बा।

कुलदीप, चहल के ना मिलल जगह, बुमराह के आराम

टी-20 वर्ल्ड कप के चैम्पियन टीम के तीन खिलाड़ी विराट कोहली, रोहित शर्मा आ रवींद्र जडेजा संन्यास ले चुकल बा लो। एकरा अलावे बुमराह के एह सीरीज से आराम दिहल गइल बा। ओहिजा, कुलदीप यादव आ युजवेंद्र चहल के टी-20 टीम में जगह नइखे मिलल। चहल के वनडे टीम में जगह नइखे मिलल। ओहिजा, कुलदीप यादव वनडे टीम के हिस्सा होइहें।

जिम्बाब्वे गइल टीम के नव खिलाड़ी टी-20 टीम में, बाकिर अभिषेक आ ऋतुराज के जगह ना

शुभमन गिल के कप्तानी में जिम्बाब्वे के 4-1 से हरावे वाली टीम के नव खिलाड़ी श्रीलंका दौरा पs टी-20 टीम के हिस्सा होई। हालांकि, एह दौरा में शतक लगावे वाला अभिषेक शर्मा आ ऋतुराज गायकवाड़ टीम में जगह ना बना सकल लो। अभिषेक आ ऋतुराज के अलावा मुकेश कुमार, आवेश खान, ध्रुव जुरेल, तुषार देशपांडे, हर्षित राणा, जीतेश शर्मा आ साई सुदर्शन श्रीलंका दौरा खातिर टीम में जगह नइखे बना सकल लो।

गिल के मिलल इनाम

टीम इंडिया के मुख्य कोच के पदभार संभरला के बाद पहिला बेर गौतम गंभीर श्रीलंका दौरा पs जइहें। उनकर कोचिंग में भारत एह सीरीज के हर हाल में जीतल चाही। एकरा पहिले टीम इंडिया जिम्बाब्वे के खिलाफ पांच मैचन के टी20 सीरीज में 4-1 से जीत दर्ज कइल गइल रहे। हालांकि, एह दौरा पs वीवीएस लक्षमण मुख्य कोच के भूमिका अदा करत नजर आइल रहे। गिल के नेतृत्व में भारत ई सीरीज अपना नावे कइले रहे। एकरा के उनका के अब फल मिलल बा। गिल के टी20 आ वनडे दुनो दौरन पs उप-कप्तान बनावल गइल बा।

टी20 सीरीज के पूरा कार्यक्रम

भारत आ श्रीलंका के बीच तीन मैचन के टी20 सीरीज के 27 जुलाई से होई। भारतीय टीम एह दौरा खातिर 20 तारीख के बाद रवाना हो सकत बा। हालांकि, बीसीसीआई के तरफ से अब तक एकरा के लेके कवनो आधिकारिक जानकारी नइखे दिहल गइल बा। दूसरका 28 आ तीसरका मुकाबला 30 जुलाई के खेलल जाई।

टी20 टीम: सूर्यकुमार यादव (कप्तान), शुभमन गिल (उपकप्तान), यशस्वी जायसवाल, रिंकू सिंह, रियान पराग, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), संजू सैमसन (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, शिवम दुबे, अक्षर पटेल, वाशिंगटन सुंदर, रवि बिश्नोई, अर्शदीप सिंह, खलील अहमद, मोहम्मद सिराज।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]