[the_ad_group id="30365"]

भारत मार गिरवलस पाकिस्तान के दु गो फाइटर जेट, श्रीनगर के लगे कइलस ढेर

श्रीनगर में पाकिस्तान के विमान ढ़ेर।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ पाकिस्तान के बीच सैन्य तनाव अब पूरा युद्ध में बदले के कगार पs बा। बियफे के दिने पाकिस्तान ड्रोन आ मिसाइल के इस्तेमाल से भारत पs भारी हमला कइलस. भारत के वायु रक्षा प्रणाली एह सब हमला के रोक देले बा। अब शनिचर के दिने पाकिस्तान जम्मू कश्मीर पs हमला करे के कोशिश कइले बा. एह दौरान भारतीय सेना के बहुत सफलता मिलल बा। जानकारी के मुताबिक पाकिस्तान वायुसेना के दुगो लड़ाकू विमान श्रीनगर के नजदीक गिरावल गईल बा।

श्रीनगर के आसमान में युद्ध जइसन स्थिति

जानकारी के मुताबिक पाकिस्तान श्रीनगर पs हमला करे के कोशिश कईले रहे। श्रीनगर के आसमान में युद्ध जईसन स्थिति पैदा हो गईल बा। सरफेस टू एयर मिसाइल सिस्टम सक्रिय कs दिहल गइल बा. एह दौरान पाकिस्तान के दू गो लड़ाकू विमान गिरावल गइल.

मलबा के खोज जारी बा

जानकारी के मुताबिक पाकिस्तान के ओर से भईल एs हमला में श्रीनगर के कवनो नुकसान के कवनो खबर नईखे। भारत एक बेर फेरु पाकिस्तान के हवाई हमला के नाकाम कs दिहलस. आ ओह लोग के मलबा खोजल जा रहल बा.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]