[the_ad_group id="30365"]

नइखे थमत केरल में कोरोना के मामिला, 1700 से जादे पहुंचत संक्रमित के संख्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश आ दुनिया में तबाही मचावे वाला कोरोना वायरस के खतरा एक बेर फेरु से लउके लागल बा। कोरोना के एह नया लहर में अधिकांश मरीज केरल से उभर रहल बाड़े। पिछला कई दिन में केरल में भी कोरोना के चलते बहुत संक्रमित मरीज के मउत हो चुकल बा। पिछला कुछ दिन में केरल में सक्रिय कोरोना मरीजन के संख्या 1700 पार हो गइल बा। एह संबंध में ताजा आंकड़ा स्वास्थ्य मंत्रालय साझा कइले बा।

देश भर में केतना नया केस?

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़ा के मुताबिक केरल में पछिला 24 घंटा में कोरोना के 115 ताजा मामिला सामने आईल बा। एकरा बाद राज्य में कोरोना वायरस के कुल सक्रिय केस बढ़ के 1749 हो गईल। स्वास्थ्य मंत्रालय के वेबसाइट के मुताबिक मंगल के सबेरे 8 बजे तक देश भर में कोरोना संक्रमण के कुल 142 मामिला में से 115 मामिला केरल के बाड़े।

केंद्र सरकार सचेत कइलस

केन्द्र सरकार सोमार के दिने राज्यन आ केन्द्रशासित प्रदेशन से भी कहलस कि देश में कोविड-19 केस बढ़े आ जेएन. केंद्र सरकार के ओर से राज्य के भेजल चिट्ठी में कहल गईल बा कि आवे वाला त्योहार के मौसम के ध्यान में राखत राज्य के जरुरी जनस्वास्थ्य उपाय अवुरी बाकी व्यवस्था करे के चाही ताकि बेमारी के फईला के खतरा कम हो सके।

कर्नाटक में अलर्ट जारी

पड़ोसी राज्य केरल में कोरोना वायरस के बढ़त खतरा के देखत कर्नाटक सरकार अलर्ट जारी कईले बिया। जारी दिशानिर्देश में 60 साल से ऊपर के उमर के लोग, सह-रोग से पीड़ित लोग, गर्भवती महिला अवुरी दूध पियावे वाली महतारी से कहल गईल बा कि जब भी घर से बाहर निकले तs फेस मास्क लगावस। सरकार एगो परिपत्र जारी कs केरल आ तमिलनाडु के सीमा से सटल जिला के अधिकारियन के सतर्क रहे, पर्याप्त जांच करावे आ समय पs कोविड केस के सूची बनावे के निर्देश देले बिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]